[the_ad_group id="30365"]

गोलगप्पा में मिलल कैंसर फइलावे वाला केमिकल, सरकार देलस स्ट्रीट फूड खाए वालन के सावधानी बरते के सलाह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोलगप्पा खाए वालन खातिर बुरा खबर सामने आइल बा। कर्नाटक में गोलगप्पा में कैंसर नामक केमिकल मिलल बा। Karnataka में FSSAI पानी पूरी के नमूनन में कैंसर पैदा करे वाला रसायन मिलल बा। दरअसल, बेंगलुरु में पानी पुरी के जांच करे में एमें आर्टिफिशियल कलर आ कैंसर पैदा करे वाला केमिकल पावल गइल बा।

भारतीय खाद्य सुरक्षा आ मानक प्राधिकरण के गोलगप्पा के सैंपल में सन सेट येलो, ब्रिलिएंट ब्लू आउर टेट्रा जान जइसन केमिकल मिलल बा। डॉक्टर के अनुसार, ई कृत्रिम रंगन से पेट के खराबी से लेके हार्ट के समस्या हो सकऽता। एकरा अलावा ऑटोइम्यून नामक बीमारीयो हो सकऽता।

कर्नाटक में भारतीय खाद्य सुरक्षा आ मानक प्राधिकरण गोलगप्पा के जांच कइले बा। एह जांच में गोलगप्पा के सैंपल लिहल गइल। जवना में 22 प्रतिशत सैंपल फेल मिलल बा। कर्नाटक के 79 स्थान से कुल 260 सैंपल लिहल गइल रहे। कर्नाटक के खाद्य सुरक्षा आयुक्त श्रीनिवास के कहनाम बा कि उनका प्रदेश भर से गोलगप्पा के गुणवत्ता के लेके शिकायत मिलत रहे। एकरा बाद सड़क किनारा लागे वाला स्टॉल के सैंपल लिहल गइल जवना में हैल्थ के लेके चिंता भरल खबर सामने आइल।

बता दी कि एकरा पहिले भारतीय खाद्य सुरक्षा आ मानक प्राधिकरण कृत्रिम खाद्य रंग वाला कबाब, गोभी मंचूरियन आ कॉटन कैंडी पs प्रतिबंध लगवले रहे। उहे अब गोलगप्पा में कैंसर नामक केमिकल मिलला से कर्नाटक सरकार स्ट्रीट फूड खरीदने वालन के सावधानी बरते के सलाह देले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]