[the_ad_group id="30365"]

Canada election Result : कनाडा चुनाव में कवना पार्टी के मिल रहल बा जीत, भारत पs का होई असर?

कनाडा चुनाव
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कनाडा के चुनाव के नतीजा लाइव : कनाडा में प्रधानमंत्री पद के चुनाव पूरा हो गईल। एकरा संगे चुनाव के नतीजा भी सामने आवे लागल बा। एह चुनाव में मुख्य मुकाबला सत्ताधारी लिबरल पार्टी के उम्मीदवार आ प्रधानमंत्री मार्क कार्नी आ विपक्षी कंजरवेटिव पार्टी के नेता पियरे पोइलिवर के बीच बा. बता दीं कि कनाडा के पीएम रहल जस्टिन ट्रूडो भी ओह लिबरल पार्टी के रहले जवन लोकप्रियता घटला का चलते चुनाव से पहिले इस्तीफा दे दिहले रहुवे. बता कि एह चुनाव में कवन पार्टी जीते वाली बिया आ एह चुनाव के भारत पर कवन असर पड़े वाला बा. बता दीं कि कनाडा के संघीय चुनाव जीते खातिर कवनो पार्टी के 172 सीट जीते के पड़ी.

भारत पs एकर का असर पड़ी?

लिबरल पार्टी के नेता आ कनाडा के प्रधानमंत्री रहल जस्टिन ट्रूडो कई देशन से कनाडा के संबंधन के बहुते नुकसान चहुँपवले रहले. भारत के साथे कनाडा के संबंध ऐतिहासिक रूप से खराब दौर से गुजर चुकल रहे| दुनो देश एक दूसरा के राजनयिक के भी बाहर कस देले। हालांकि मार्क कार्नी पीएम पद सम्हरते भारत से संबंध सुधारे के बात कईले रहले। एकरा अलावे पियरे पोइलिएवर कनाडा-भारत के संबंध खातिर भी बढ़िया साबित हो सकतारे।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]