[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: विश्वविद्यालय में BBA के छात्र के मिलल 6.60 लाख के पैकेज, संगही एहू दु छात्रन के मिलल सफलता 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के बीबीए के छात्र के छव लाख 60 हजार के वार्षिक पैकेज आ दु गो एमकॉम छात्र-छात्रा के आठ लाख 48 हजार रूपिया के वार्षिक पैकेज मिलल बा।

दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के ट्रेनिंग एंड प्लेसमेंट सेल द्वारा ग्रेजुएट ट्रेनी के पद खातिर जारो एजूकेशन प्राईवेट, गुड़गांव के ऑनलाइन मोड में छात्र छात्रा लोगन के इंटरव्यू भइल रहे। एह प्रक्रिया में दु दिन के समय लागल।

जारो एजुकेशन कंपनी खातिर अंतिम चरण के बाद विश्वविधालय के मेधावी छात्र आयुष विश्वकर्मा के चयन कइल गइल बा, इनकर चयन छव लाख साठ हजार रुपिया के वार्षिक पैकेज पs हो गइल बा। हिमालीका सरीन आ सर्वेश्वर शुक्ला के आठ लाख 48 हजार रुपिया वार्षिक पs चयन भइल बा।

ए प्लस प्लस ग्रेड मिलपा के बाद लगातार कइयन गो ब्लू चिप कंपनी दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में कैम्पस प्लेसमेंट में हिस्सा ले रहल बाड़ी सs। जेमे विश्वविद्यालय के मेधावी छात्र-छात्रा हिस्सा ले रहल बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]