[the_ad_group id="30365"]

अभियान : 12 मांस विक्रेता लोग के कइल गइल चालान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महराजगंज में खाद्य सुरक्षा विभाग अउरी पीपुल फार एनिमल पालिसी फाउंडेशन के ओर से बुध के अभियान चला के जिला के 12 मांस विक्रेता लोग के चालान कइल गइल। ऊ खाद्य सुरक्षा के मानक के उल्लंघन करत मिलल।
मुख्य खाद्य सुरक्षा अधिकारी सुरेंद्र वर्मा बतवलें कि जिला के कई मांस के दुकान में कम उमिर के लइके से काम करवला के शिकायत मिलल रही। मांस विक्रेता से बेर-बेर मानक के पालन करे के भी कहल गइल बा। विभाग अउरी संस्था के ओर से बुध के सदर तहसील क्षेत्र में दू पालियन में अभियान चला के सात से 14 वर्ष उमिर के लइकन के मांस व्यापार में लगावल गइले के वजह से 12 दुकानदार के चालान कइल गइल। अभियान में खाद्य सुरक्षा अधिकारी अमित पांडेय, श्रीराम मौर्या आदि लोग मौजूद रहल।

लइकन के भविष्य के साथ न खेलें मांस बेचे वाला लोग
पीपुल फार एनिमल पॉलिसी फाउंडेशन में एनिमल वेलफेयर एसोसिएट्स के रूप में सक्रिय सुरभि त्रिपाठी कहली कि मांस विक्रेता लोग के लापरवाही से लइकन के भविष्य खराब हो रहल बा । मांस विक्रेता लइकन के भविष्य के साथ न खेलें अउरी जौन भी मानक बतावल गइल बा ओकर पालन कइले पर ध्यान देवें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]