[the_ad_group id="30365"]

10 हजार e-bus चलाई केंद्र: 3 लाख से जादे आबादी वाला 100 शहर कवर होई, कामगारन के एक लाख के लोन मिली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कैबिनेट बुध 16 अगस्त के विश्वकर्मा योजना के मंजूरी दे देलस। एकरा माध्यम से देस के छोट कामगारन के लोन से लेके स्किल डेवलप करे में मदद मिली। एह स्कीम पs 5 साल में सरकार के 13,000 करोड़ रुपिया खर्च होई। विश्वकर्मा योजना के लक्ष्य बुनकर, सुनार, लोहार, कपड़ा धोवे के काम करे वाला, नाई आदि के सशक्त बनावल बा।

एकरा अलावे पीएम ई-बस सेवा के तहत 10,000 बसन के चलावे के मंजूरी दिहल गइल बा। केंद्रीय मंत्री अश्विनी वैष्णव आ अनुराग ठाकुर कैबिनेट फैसलन के जानकारी दिहल लो।

पीएम ई-बस सेवा के मंजूरी, 10,000 नया इलेक्ट्रिक बस चलिहें सs 

केंद्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर बतवलें कि पीएम ई-बस सेवा योजना पs 57,613 करोड़ रुपिया खर्च कइल जाई। एमे से 20,000 करोड़ रुपिया केंद्र सरकार आ बाकी राज्य सरकार दी। एकरा तहत देस भर में लगभग 10,000 नया इलेक्ट्रिक बस उपलब्ध करावल जाई।

केंद्रीय मंत्री बतवलें कि पब्लिक प्राइवेट पार्टनरशिप (PPP) मॉडल पs बसन के संचालन होई। ई योजना 3 लाख आ ओकरा से जादे आबादी वाला 169 शहरन के कवर करी। एह योजना से 45,000-55,000 लोगन के रोजगार मिले के अनुमान बा।

पीएम मोदी के अध्यक्षता में कइल गइल कैबिनेट बैठक के बाद केंद्रीय मंत्री अश्विनी वैष्णव आ अनुराग सिंह ठाकुर फैसलन के जानकारी दिहल लो।

32,500 करोड़ के 7 रेल परियोजनन के मंजूरी

कैबिनेट रेल मंत्रालय के सात परियोजनन के मंजूरी देलस। एह पs लगभग 32,500 करोड़ रुपिया खर्च होई। रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव कहलें कि ई सब परियोजना भारतीय रेलवे के मवजूदा नेटवर्क में 2,339 किलोमीटर के विस्तार करी।

ई नया रेलवे परियोजना नव राज्यन- यूपी, बिहार, महाराष्ट्र, आंध्र प्रदेश, गुजरात, ओडिशा, झारखंड, पश्चिम बंगाल, तेलंगाना के 35 जिलन के कवर करी।

डिजिटल इंडिया प्रोग्राम के विस्तार के मंजूरी

कैबिनेट डिजिटल इंडिया प्रोग्राम के विस्तार के मंजूरी देलस। एह पs 14,903 करोड़ रुपिया खर्च होई। अश्विनी वैष्णव कहलें कि डिजिटल इंडिया आईटी प्रोफेशनल्स के स्किल लेवल में सुधार कइले बा। ऊ कहलें कि परियोजना के तहत 5.25 लाख आईटी प्रोफेशनल्स के रीस्किल आ अपग्रेड कइल जाई। 2.65 लाख लोगन के आईटी में ट्रेंड कइल जाई।

नेशनल सुपरकंप्यूटिंग मिशन के तहत 18 सुपर कंप्यूटर तैनात कइल जा चुकल बा। अब एमे 9 आउर सुपर कंप्यूटर जोड़ल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]