बिहार के चार सीटन पs उपचुनाव के घोषणा आज

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 15, 2024

बिहार के चार सीटन पs उपचुनाव के घोषणा आज होई। चुनाव आयोग तारीख के ऐलान करी। बिहार के चार सीटन पs उपचुनाव, झारखंड आ महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव के संगे करावल जाई। इलेक्शन कमीशन विज्ञान भवन

Share

Chief election commissioner

बिहार के चार सीटन पs उपचुनाव के घोषणा आज होई। चुनाव आयोग तारीख के ऐलान करी। बिहार के चार सीटन पs उपचुनाव, झारखंड आ महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव के संगे करावल जाई। इलेक्शन कमीशन विज्ञान भवन में साढ़े तीन बजे प्रेस ब्रीफिंग बोलवले बा।

लोकसभा गइला के बाद चारो सीट भइल बा खाली

बिहार में तरारी, रामगढ़, बेलागंज आ इमामगंज सीट खाली बा। लोकसभा चुनाव 2024 में एह चारो सीट के विधायक लोकसभा पहुंचल बा लो। रामगढ़ में RJD के सुधाकर सिंह, तरारी में CPI माले के सुदामा प्रसाद, बेलागंज में RJD के सुरेंद्र यादव आ इमामगंज में हम के जीतनराम मांझी के लोकसभा चुनाव में जीत के बाद ई सीट खाली भइल बाड़ी सs।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.