प्रत्याशी नरेश मीणा SDM अमित चौधरी के मरले झापड़, उपचुनाव में वोटिंग के दौरान हंगामा

Minee Upadhyay

 

 

राजस्थान के देवली-उनियारा विधानसभा उपचुनाव में बड़ विवाद भईल बा। इहाँ मतदान के दौरान निर्दलीय उम्मीदवार नरेश मीणा एसडीएम अमित चौधरी के थप्पड़ मारले। एह घटना के वीडियो भी सामने आइल बा।

निर्दलीय उम्मीदवार नरेश मीणा समरावता (देवली-उनियारा) जबरन मतदान बूथ में घुसे के कोशिश करत रहली। प्रशासन अवुरी पुलिसकर्मी जब एs लोग के रोके के कोशिश कईले तs झगड़ा हो गईल। असल में नरेश मीणा आरोप लगवले बाड़न कि ईवीएम में उनुकर चुनाव चिन्ह बहुते हल्का कs दिहल गइल बा. एकरा चलते उनुका मतदाता के मतदान में दिक्कत के सामना करे के पड़ता।

नरेश मीणा के हs?

नरेश मीणा कांग्रेस के खिलाफ विद्रोह कइला के बाद निर्दलीय के रूप में उपचुनाव लड़ले बाड़न. नरेश के इs हमला राजनीतिक दुनिया में चर्चा के विषय बन गईल बा। एह मामिला के गति मिलला के बाद अधिकारियन के बीच भी नाराजगी बा. मौक़ा पs एडिशनल एसपी बृजेन्द्र सिंह भाटी भी मौजूद रहले।

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।