[the_ad_group id="30365"]

बिहार में राज्यसभा के दु गो सीटन पऽ उपचुनाव के घोषणा, 14 से 21 अगस्त तक चली नामांकन प्रक्रिया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में राज्यसभा के दू सीट पs उपचुनाव के घोषणा हो गइल बा। मिसा भारती आ विवेक ठाकुर के लोकसभा चुनाव जीत के सांसद बनला का बाद दू गो सीट खाली हो गइल रहे। चुनाव आयोग के ओर से 14 अगस्त के अधिसूचना के बाद 21 अगस्त तक नामांकन प्रक्रिया जारी रही। 22 अगस्त के जांच करावल जाई आ नामांकन वापस लेबे के समय 27 अगस्त ले दिहल गइल बा।

बिहार में खाली पड़ल दू गो राज्यसभा सीट पs बुध के दिने भारत के चुनाव आयोग उपचुनाव के एलान कइलस। आयोग के मुताबिक मिसा भारती आ विवेक ठाकुर के लोकसभा सदस्य बनला के चलते राज्यसभा के दुनो सीट खाली हो गइल रहे। एह खाली सीट पs तीन सितंबर के चुनाव करावल जाई।

चुनाव के कार्यक्रम के बारे में बतावल गइल बा

चुनाव आयोग के ओर से 14 अगस्त के अधिसूचना के बाद 21 अगस्त तक नामांकन प्रक्रिया जारी रही। 22 अगस्त के जांच करावल जाई आ नामांकन वापस लेबे के समय 27 अगस्त ले दिहल गइल बा। 3 सितंबर के सबेरे नौ बजे से साँझ चार बजे ले मतदान होखी। ओही दिन साँझ पाँच बजे से मतगणना तय कइल गइल बा।

बता दीं कि राज्यसभा में मीसा भारती के कार्यकाल 7 जुलाई 2028 तक रहे अवुरी विवेक ठाकुर के कार्यकाल 9 अप्रैल 2026 तक रहे। एकरा से पहिलहु दुनो लोग लोकसभा चुनाव में जीत हासिल कइले रहले। पटलीपुत्र लॉस सीट से मीसा भारती सांसद बनल बाड़ीम एकरा संगे-संगे नवादा संसदीय सीट से चुनाव जीत के विवेक ठाकुर संसद पहुंचल बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]