[the_ad_group id="30365"]

BWF World Championships: प्रणय मोमोटा के हराके उलटफेर कइलें, लक्ष्य प्री क्वार्टर फाइनल में

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय बैडमिंटन खिलाड़ी एच प्रणय दूसरा सीड केंटो मोमोटो के लगातार गेम में हराके सनसनीखेज जीत दर्ज कइलें जबकि राष्ट्रमंडल खेलन के मौजूदा चैम्पियन लक्ष्य सेन बुध के विश्व चैम्पियनशिप के पुरुष एकल प्री क्वार्टर फाइनल में पहुंच गइलें। गैर वरीय प्रणय उम्मीदन से बढ़के प्रदर्शन करत दर्शकन के पसंदीदा आ दु बेर के पूर्व विश्व चैम्पियन मोमोटा के दूसरका दौर के मुकाबला में 21-17 21-6 से पराजित कइलें।

ई प्रणय के मोमोटा पs आठ मैचन में पहिला जीत हs। पिछला भिड़ंत में भारतीय खिलाड़ी अपना से ऊंच रैंकिंग के जापानी प्रतिद्वंद्वी के खिलाफ खाली एके गेम जीत सकल रहले। एकरा पहिले सेन स्पेन के लुईस पेनावेर पs 72 मिनट में 21-17, 21-10 से जीत दर्ज कइलें। प्रणय आ सेन बियफे के अंतिम 16 के मुकाबला में एक दूसरा से भिड़ी लो।

हालांकि पिछला चरण के उपविजेता किदाम्बी श्रीकांत दूसरा दौर में चीन के झाओ जुन पेंग से हारके बाहर हो गइलें। एक समय 3-4 से पिछड़ला के बाद नौवीं वरीयता प्राप्त सेन सानदार वापसी करत छव अंक लेके 13-7 के बढत बना लेले। ऊ एह लय के जारी रखके पहिला गेम जीतले। विश्व चैम्पियनशिप कांस्य पदक विजेता सेन दूसरको गेम में अपना प्रतिद्वंद्वी के वापसी ना करे देले

श्रीकांत के दुनिया के 32वां नंबर के खिलाड़ी पेंग 21-18, 21-17 से मात देले। मात्र 34 मिनट तक चलल मुकाबला में श्रीकांत तनिको लय में ना लउकले। पहिला गेम में झाओ 12 मिनट में जीत दर्ज कइलें। दूसरका गेम में एक समय ऊ 16-14 से आगे थे लेकिन सहज गलतियन के उनका खामियाजा भुगते के पड़ल।

एकरा पहिले, एम आर अर्जुन आ ध्रुव कपिला पुरूष यु्गल वर्ग के प्री क्वार्टर फाइनल में पहुंच गइल लो बाकिर महिला वर्ग में अश्विनी पोनप्पा आ एन सिक्की रेड्डी हारके बाहर हो गइल लो। अर्जुन आ कपिला के गैर वरीय जोड़ी डेनमार्क के आठवीं वरीयता प्राप्त किम एस्ट्रूप आ एंडर्स स्कारूप रासमुसेन के 21-17, 21-16 से हरावल। अब ओह लो के सामना सिंगेपुर के योंग टैरी आ लोह कीन हीन से होई।

पोनप्पा आ सिक्की के शीर्ष वरीयता प्राप्त चीन की चेन किंग चेन आ जिया यि फान ने 42 मिनट में 21-15, 21-10 से मात देलस लो। पूजा डांडु आ संजना संतोष के जोड़ी तीसरा वरीयता प्राप्त कोरिया के ली सो ही आ शिन सियुंग चान से हार गइल। चिराग शेट्टी आ सात्विकसाईराज रंकीरेड्डी के आठवी वरीयता प्राप्त पुरूष युगल जोड़ी ग्वाटेमाला के सोलिस जोनाथन आ अनिबल मारोक्विन के 21-8 21-10 से हराके राउंड 16 में प्रवेश कइल जहां ओ लो के सामना डेनमार्क के जेमे बे आ लासे मोलहेडे से होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]