[the_ad_group id="30365"]

Buxar News: डुमरांव बीएसएपी के शौचालय में लटकल मिलल जवान के शव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बक्सर जिला के डुमरांव में इस्थित बिहार विशेष सशस्त्र पुलिस-4 के परिसर में एगो जवान के लाश शौचालय में लटकल मिलल बा। बीएसएपी के अधिकारी बतावत बाड़े कि कंपनी-सी में तैनात जवान अजय कुमार राय दु दिन से लापता रहले। इ जानकारी मुख्यालय के दिहल गइल। बाकिर केहु के अंदाज़ा ना रहे कि जवान के लाश शौचालय में पड़ल बा।

डुमरांव बीएसपी में पहिलहू अइसन घटना भइल बा

डुमरांव बीएसएपी परिसर में भी अइसन घटना पहिलहु होखत रहल बा। एह साल 25 फरवरी के  सहरसा निवासी गोपाल कृष्ण सिंह के लाश बैरक के लगे लटकल मिलल रहे। जून 2022 के डुमरांव इस्थित प्रशिक्षण केंद्र में बीएसएपी-4 के जवान गया निवासी भोला प्रजापति के लाश मिलल रहे। 2023 में कैमूर जिला के भभुआ निवासी एसआई शंकर राम के संदिग्ध परिस्थिति में एही परिसर में मौत हो गइल रहे।

असल में परिसर में एगो अलग से टॉयलेट कॉम्प्लेक्स बा, जवना के एगो टॉयलेट के दरवाजा भीतर से बंद रहे। एकरा पs केहु के ध्यान ना दिहलस। लाश से दुर्गन्ध निकले लगला के बाद घटना सोझा आइल। शौचालय के दरवाजा भीतर से बंद रहे, जवन तूड़ के लाश के बाहर निकालल गइल। मरेवाला जवान सुपौल के निवासी रहले। उनकर उमिर करीब 35 साल बतावल जात बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]