[the_ad_group id="30365"]

छपरा में बस रौंदलस चार साल के छोट मासूम के 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

सारण के नयागांव में बेकाबू बस से टकरा के एगो बच्चा के सड़क पs मउत हो गईल। घटना नयागांव थाना क्षेत्र के डुमरी बुजुर्ग गांव के एनएच 19 के ह। मउत के बाद कुछ समय ले मेन रोड पs अराजकता मच गईल। गांव के लोग पीछा क के बस पकड़ लिहले, लेकिन मउका देख के ड्राइवर फरार हो गईल। स्थानीय गांव के लोग नयागांव थाना के बस सौंप देले। मरेवाला नयागांव थाना क्षेत्र के डुमरी निवासी शंभू राय के 4 साल के बेटा राजकुमार कुमार हवे।

बस गलत दिशा से आवत रहे

परिजन बतवले कि मरेवाला प्रिंस दोसरा बच्चा के संगे दरवाजा के सोझा खेलत रहले। एही से पटना से आवत बस गलत दिशा में जाके रौंद दिहलस। जवना के चलते लईका के मौका पs मउत हो गईल। खिसियाइल गांव के लोग बेकाबू बस के पीछा क के 4 किलोमीटर दूर पकड़ लेले। लेकिन बस के सड़क पs छोड़ के ड्राइवर फरार हो गईल। परिवार के लोग के आवेदन पs नयागांव थाना में प्राथमिकी दर्ज करावल गईल बा। मरेवाला के पिता के एक महीना पहिले दिल के दौरा पड़ के मउत हो गईल रहे। परिवार अबे ले मउत के दुख से बाहर ना निकलल रहे कि बच्चा के भी मउत हो गईल। मरेवाला दु भाई में छोट ह।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]