[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में दुकानन के अतिक्रमण पs चलले बुलडोजर, कुछ के मिलल मोहलत- कुछ से वसूलल गइल जुर्माना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नगर निगम के टीम दूसरका दिन सनीचरो के अतिक्रमण के खिलाफ अभियान चलाके आजाद चौक से विंध्यवासिनी चौक तक कार्रवाई कइलस। एह दौरान टीम बुलडोजर के मदद से आधा दर्जन से बेसी दुकानन के आगे लगावल गइल शेड के तुड़लस। कुछ लोग खुद शेड हटावे खातिर मोहलत मंगगलस तs ओकरा के एक दिन के मोहलत दिहल गइल। अभियान के दौरान अतिक्रमण करे वालन से चार हजार रुपिया जुर्माना असूलल गइल।

जोनल अधिकारी कर निरीक्षक ओम प्रकाश यादव के नेतृत्व में सफाई निरीक्षक सुनील मणि त्रिपाठी आ प्रवर्तन दल दुगो जेसीबी आ ट्रेक्टर ट्राली के संगे दुपहरिया बाद अतिक्रमण हटाओ अभियान के सुरुआत कइलस। एह दौरान आजाद चौक से विंध्यवासिनी चौक तक सड़क के दुनों ओर अवैध ढंग से लागल ठेला- खोमचा हटावल गइल। कुछ दुकानन के बाहर तक रखल सामानन के दुकान के भीतर करावल गइल आ बाहर निकलल शेड के तुड़ल गइल। कुछ लोग खुदे अपना घर- दुकान के आगे लागल शेड हटा लिहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]