[the_ad_group id="30365"]

बुलंदशहर में एक बेर फेर घना कुहासा के कहर, ट्रक से भिड़ल स्कूल वैन; 10 गो छात्रा घायल

बुलंदशहर
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के बुलंदशहर में एक बेर फेर से घना कुहासा देखे के मिलल बा। इहाँ घना कुहासा के चलते स्कूल के वैन अवुरी ट्रक के टक्कर हो गईल, जवना में 10 लईकी घाही हो गईली।  घटना के जानकारी मिलते पुलिस मौका पs पहुंच के घाही लोग के अस्पताल ले गईल। सूचना मिलते एसडीएम अवुरी सीओ मौका पs पहुंचले अवुरी जांच शुरू कs देले।

घना कुहासा के चलते दुर्घटना भईल
जानकारी के मुताबिक बियफ़ें के सबेरे स्कूल वैन जेपी विद्यालय मंदिर के कैंप से छात्रा के संगे अनुपशहर थाना क्षेत्र के अलीगढ़ स्कूल जात रहे। एह दौरान घना कुहासा के चलते एगो ट्रक अवुरी वैन के टक्कर हो गईल, जवना में 10 छात्रा  घाही हो गईले। स्थानीय पुलिस मौका पs पहुंच के तुरंत सभ घाही के अनुपशहर के सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र ले गईल, जवना में चालक समेत 7 बच्चन के अलीगढ़ मेडिकल रेफर कs दिहल गईल बा। दुर्घटना के खबर सुनते ही परिवार के लोग में अराजकता मच गईल।  सूचना मिलते सीओ एसडीएम मौका पs पहुंचले अवुरी जांच शुरू कs देले। 
इहो पढ़ीं : दीवानीयत के सेट पs सरप्राइस देवे पहुंचले आमिर खान, जानीं का बा मिस्टर परफेक्शनिस्ट के सीरियल से कनेक्शन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]