[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली के मुस्तफाबाद इलाक़ा में बिल्डिंग गिरले से बड़ हादसा, मलबा में कई लोगन के दबल होखे के आशंका

दिल्ली के मुस्तफाबाद इलाक़ा में बिल्डिंग गिरल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के मुस्तफाबाद इलाका में एगो भवन गिर गइल; एकरा मलबा के नीचे कई लोग के फंसला के आशंका बा। अधिकारी के मुताबिक एनडीआरएफ अवुरी दिल्ली पुलिस के टीम मौका पs पहुंच गईल बा अवुरी फिलहाल बचाव अभियान चलता। दमकल विभाग के अधिकारी राजेन्द्र अटवाल बतवले कि हमनी के सबेरे करीब 2:50 बजे घर गिरला के जानकारी मिलल। हमनी के मौका पs पहुंचनी तs पाता चलल कि पूरा बिल्डिंग गिर गईल बा अवुरी हमनी के मलबा के नीचे लोग के फंसला के खबर मिलल। एनडीआरएफ आ दमकल विभाग लोग के बचावे में लागल बा.

जानकारी के मुताबिक शुक के दिल्ली के मौसम में अचानक बदलाव देखाई देलस। रात में शहर के कई इलाकन में बरखा आ गरज के साक्षी बनल। एकरा से जुड़ल एगो घटना में पछिला सप्ताह मधु विहार थाना के नजदीक धूल के तूफान के दौरान एगो निर्माणाधीन इमारत के दीवार गिरला से एक आदमी के मौत हो गईल अवुरी दु लोग घाही हो गईले।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]