[the_ad_group id="30365"]

चीन के हार्बिन शहर में घातक विस्फोट से उड़ल इमारत, हादसा में 1 व्यक्ति के मउत आ 3 लो घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बीजिंग : चीन के एगो भवन में भारी विस्फोट के खबर बा। दुर्घटना एतना जानलेवा रहे कि इमारत के नुकसान पहुंचल। संगही एकरा में एक आदमी के मउत हो गईल। उहाँ तीन जने घायल हो चुकल बाड़े। चीन के पूर्वोत्तर हार्बिन शहर में भइल ई घटना बियफ़ें के सबेरे एगो भवन में विस्फोट होखे के खबर बा। एक महिला के मउत हो गईल अवुरी तीन जने घाही हो गईले। सरकारी मीडिया ई जानकारी दिहलस. ध्यान देवे वाला बात बा कि हार्बिन चीन के उत्तर-पूरुब प्रांत हेइलोंगजियांग के राजधानी हs। विस्फोट के बाद मौका पs चीख-पुकार हो गईल। मौका पs स्थानीय पुलिस अवुरी बचाव दल पहुंचल। ओकरा बाद उs घाही के अस्पताल ले गईले।

सबेरे विस्फोट हो गइल

बतावल जाता कि विस्फोट तब भईल जब लोग रोजमर्रा के काम में व्यस्त रहले। ‘जीमू न्यूज’ के मुताबिक विस्फोट में एक महिला के मउत हो गईल अवुरी तीन लोग घाही हो गईले। इंटरनेट पs सामने आइल एगो वीडियो में एगो आदमी के एम्बुलेंस में ले जाइल देखल जा सकेला, जबकि सड़क पs मलबा के ढेर बा. सरकारी समाचार एजेंसी शिन्हुआ अपना एगो खबर में कहलस कि ई विस्फोट सबेरे करीब सात बजे भइल.

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]