[the_ad_group id="30365"]

Budget Session: 31 जनवरी से सुरू होई बजट सत्र, एह दिन होई दुनु सदनन के संयुक्त बैठक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

संसद के बजट सत्र के पहिला चरण 31 जनवरी के सुरू होके 13 फरवरी तक चली आ दूसरका चरण 10 मार्च से चार अप्रिल तक होई। पूरा बजट सत्र में कुल 27 बैठक होखे के बा। वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण एक फरवरी के आपन लगातार आठवां बजट पेश करिहें।

पहिला चरण में निर्धारित परंपरा के तहत सत्र के सुरुआत 31 जनवरी के लोकसभा आ राज्यसभा के संयुक्त बैठक में राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू के संबोधन के संगे होई, जवना के बाद आर्थिक सर्वेक्षण पेश कइल जाई। राष्ट्रपति के अभिभाषण पs धन्यवाद प्रस्ताव पs दुनो सदनन में बहस होई आ दुनो सदनन में प्रधानमंत्री के जवाब के संगे सत्र के पहिला चरण के समापन होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]