[the_ad_group id="30365"]

उड़त प्लेन के इंजन में लागल आग, काठमांडू में करावल गइल  इमरजेंसी लैंडिंग; 76 लोग रहले सवार

नेपाल प्लेन इमरजेंसी लैंडिंग
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नेपाल में एगो बड़ हादसा टल गइल। हजारन फीट के ऊंचाई पs अचानक विमान में आग लाग गईल। विमान में आग लगला के बाद काठमांडू के त्रिभुवन अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पs VOR लैंडिंग चाहे मैनुअल लैंडिंग करे के पड़ल।  विमान में चालक दल के सदस्य समेत 76 यात्री रहले।  वीओआर लैंडिंग पायलट लोग खातिर  ग्राउंड-बेस्ड रेडियो स्टेशन के सिग्नल के इस्तेमाल से हवाई जहाज के नेविगेट करे आ लैंड करे के तरीका हवे जेकरा के वीओआर (वेरी हाई फ्रीक्वेंसी ऑम्निडायरेक्शनल रेंज) कहल जाला।

घायल होखे के कवनो खबर नइखे
फिलहाल केहु के घाही होखे के कवनो जानकारी नईखे।  त्रिभुवन अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा एगो बयान जारी कs के एह आपातकालीन लैंडिंग के संबंध में जानकारी देले बा।  स्थानीय समय के अनुसार सबेरे 10:37 बजे विमान उड़ान भरलस।  टेकऑफ के कुछ देर बाद विमान के बायां इंजन में आग लाग गईल।  एकर वीओआर लैंडिंग त्रिभुवन अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पs सबेरे 11.15 बजे भइल. 


इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]