[the_ad_group id="30365"]

प्रयागराज : शाइस्ता के चुनाव ना लड़ाई बसपा, लखनऊ में पदाधिकारियन संग बैठक के बाद मायावती कहले घोषणा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बहुजन समाज पार्टी (बसपा) नगर निगम प्रयागराज के चुनाव में माफिया अतीक अहमद के पत्नी शाइस्ता परवीन के चुनाव ना लड़ाई। अतवार के लखनऊ में पार्टी सुप्रीमो मायावती पदाधिकारियन संगे भइल बैठक में ई फरमान सुनवली। नया प्रत्याशी के नाम के घोषणा चुनाव कार्यक्रम जारी होखला के बाद कइल जाई। उमेश पाल हत्याकांड से पहिले बसपा अलोपीबाग में आयोजित पार्टी सम्मेलन के दौरान शाइस्ता परवीन के पार्टी के सदस्यता ग्रहण करवले रहे आ मेयर पद के प्रत्याशी घोषित कइले रहे।

हत्याकांड के बाद चरचा सुरू हो गइल रहे कि शाइस्ता के पार्टी से बाहर कइल जा सकत बा। हालांकि, अइसन ना भइल। शाइस्ता के पार्टी के सदस्यता बरकरार बा, बाकिर शाइस्ता के पुलिस के ओर से फरार घोषित कइल गइला के बाद पार्टी मेयर पद खातिर नया प्रत्याशी उतारे के फैसला कइले बिया।

शाइस्ता के प्रत्याशी घोषित कइल गइला से पहिले पार्टी के जिला पदाधिकारियन द्वारा पांच प्रत्याशियन के नाम के पैनल बसपा सुप्रीमो के भेजल गइल रहे। एमे शाइस्ता परवीन के नाम सामिल रहे। संगही दु ब्राह्मण दावेदार सामिल रहे लोग। पार्टी सूत्रन के कहनाम बा कि प्रयागराज के सीट अनारक्षित होखला के बाद ब्राह्मण दावेदार लोग एक बेर फेर से टिकट खातिर जोर आजमाइश सुरू कs देले बा लो। हालांकि, अबकी बेर पार्टी प्रत्याशी घोषित करे में जल्दबाजी नइखे कइल चाहत।

पार्टी सूत्रन के कहनाम बा कि सीट अनारक्षित होखला के बाद कइयन गो नया दावेदार सामने आइल बा लो, बाकिर बसपा एह इंतजार में बा कि आउर दल केकरा के आपन प्रत्याशी घोषित करत बा, काहेकि सीट अनारक्षित होखला के बाद जातिगत समीकरण अब जादे महत्वपूर्ण हो गइल बा। फिलहाल, बैठक में सामिल पार्टी पदाधिकारियन के निरदेस दिहल गइल बा कि सभे बूथ स्तर पs चुनाव के तइयारी में जुट जाव।

हर बूथ पs पार्टी के कार्यकर्ता लोगन के जिम्मेदारी देवे खातिर कहल गइल बा। संगही पदाधिकारियन से कहल गइल बा कि मेयर पद के प्रत्याशी केहूओ होखे, सभे पदाधिकारी प्रत्याशी के जीत खातिर एकजुट होके काम करी लो। मायावती के संगे भइल बैठक में प्रयागराज से मंडल प्रभारी अशोक कुमार गौतम, अमरेंद्र बहादुर भारती, राजू गौतम, डॉ. जगन्नाथ पाल, सतीश जाटव आ जिलाध्यक्ष टीएन जैस सामिल रहे लो।

अब काल्ह होई जिला समिति के बैठक

बसपा जिला समिति के तीन अप्रिल के प्रस्तावित बैठक एक दिन खातिर टाल दिहल गइल बा। ई बैठक अब चार अप्रिल के माथुर वैश्य धर्मशाला में होई। जिलाध्यक्ष टीएन जैसल के अनुसार एह बैठक में नगर निगम चुनाव के पार्षद प्रत्याशियन के नाम आ 14 अप्रिल एलएस डॉ. आंबडेकर जयंती पs प्रस्तावित कार्यक्रम के तइयारियन के लेके चरचा कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]