कर्नाटक में दरिंदगी, इजरायली पर्यटक आ होमस्टे मालिक के संगे गैंगरेप; साथी के हत्या

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 8, 2025

बेंगलुरु : Karnataka molest Case कर्नाटक में बियफे रात देस के शर्मसार करे वाली घटना सामने आइल रहे। इहां तीन लोग कथित तौर पs दुगो महिलन के संगे सामूहिक बलात्कार कइल। एमे एगो 27 वर्षीय

Share

कर्नाटक में दरिंदगी, इजरायली पर्यटक आ होमस्टे मालिक के संगे गैंगरेप; साथी के हत्या

बेंगलुरु : Karnataka molest Case कर्नाटक में बियफे रात देस के शर्मसार करे वाली घटना सामने आइल रहे। इहां तीन लोग कथित तौर पs दुगो महिलन के संगे सामूहिक बलात्कार कइल। एमे एगो 27 वर्षीय इजरायली पर्यटक आ एगो होमस्टे संचालक बा।

कोप्पल में नहर किनारे के घटना

ई घटना तब भइल जब ऊ तीन आउर यात्रियन के संगे टेक हब बेंगलुरु से लगभग 350 किलोमीटर दूर कोप्पल में एगो नहर के शांत किनारन पs तारन के निहारत रहे।

तीन यात्रियन के नहर में धकेललस

आरोपी महिलन के निशाना बनावे से पहिले तीन यात्रियन के नहर में धकेल दिहल। जबकि अमेरिका के डेनियल आ महाराष्ट्र के पंकज तैर के बाहर निकले में कामयाब रहल लो, ओडिशा के बिबाश डूब गइलें। उनकर शव सनीचर के सबेरे बरामद कइल गइल।

का बा पूरा ममिला

पुलिस बतवलस कि मोटरसाइकिल सवार आरोपी पहिले पेट्रोल पंप के बारे में पूछलस आ फेर से पूरा यात्री समूह से 100 रुपिया मंगलस। जब यात्री पईसा देवे से मना कs दिहल तs आरोपी हिंसक हो गइल। ऊ लोगन पs हमला कइलस आ पुरुष पर्यटकन के नहर में धकेल दिहल आ फेर महिलन के संगे यौन उत्पीड़न कइलस।
दुगो पुरुष पर्यटक अमेरिका से डेनियल आ महाराष्ट्र से पंकज भागे में सफल रहल, जबकि तीसरा ओडिशा से आइल पर्यटक बिबाश डूब गइल।

कइयन धारा में केस दर्ज

कोप्पल के पुलिस अधीक्षक राम एल अरासिद्दी बतवलें कि भारतीय न्याय संहिता के कइयन गो धारा के तहत ममिला दर्ज कs लिहल गइल बा। एमे सामूहिक बलात्कार, डकैती आ हत्या के प्रयास के आरोप सामिल बा। पुलिस बतवलस कि हमनी के आरोपियन के पकड़े खातिर छव विशेष टीम बनावल गइल बा। महिला के शिकायत के बाद तुरंत कार्रवाई कइल गइल आ जांच जोरन पs बा।
पीड़ितन के फिलहाल सरकारी अस्पताल में इलाज चल रहल बा।

हम्पी के लोकप्रिय पर्यटन स्थल के सुरक्षा पs चिंता

हमला यूनेस्को के विश्व धरोहर स्थल हम्पी के लोकप्रिय पर्यटन स्थल में सुरक्षा के लेके गंभीर चिंता पैदा कs दिहल गइल बा। स्थानीय लोग अधिकारियन से भविष्य में एह तरे के जघन्य अपराधन के रोके खातिर क्षेत्र में सुरक्षा उपायन के बढ़ावे के आग्रह कइले बा।

Read Also: द‍िनभर ऑफ‍िस में बइठ के काम करे वाला हो जाये सावधान, एगो गलती से बेमार‍ियन के घर बन जाई देह

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.