[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली के सड़कन पs फेरु दरिंदगी, टैक्सी लूटले के बाद आरोपी कुल चालक के 200 मीटर ले घसीटले, मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दिल्ली के बीच सड़क में टैक्सी चालक के 200 मीटर घसीटत एगो दर्दनाक वीडियो आजुकाल्हु सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा। एह वीडियो में देखल जा रहल बा कि कइसे आरोपी गाड़ी के तेज रफ्तार से चलावत बा आ एह दौरान गाड़ी के चालक ओकरा पs लटकल बा। ए घटना के वीडियो उनुका फोन पs पीछे से आवत गाड़ी में बईठल केहु रिकॉर्ड कईले। घटना के जानकारी मिलला के बाद पुलिस आपन जांच शुरू कs देले बिया। पुलिस के शुरुआती जांच में पाता चलल बा कि आरोपी पीड़ित ड्राइवर के टैक्सी लूट के भागत रहले। एही बीच जब उ एकर विरोध कईलस अवुरी आरोपी के पकड़े के कोशिश कईलस तs उ लोग उनुका के घसीटत-घसीटत ले जाए लगले। ए घटना में पीड़ित टैक्सी चालक के मउत हो गईल बा। पुलिस ए घटना के लेके मामिला दर्ज कs के जांच शुरू क देले बिया। घटना के सूचना दक्षिण दिल्ली के महिपालपुर इलाका से मिल रहल बा।

पुलिस मरेवाला के पहचान 43 साल के बिजेंद्र के रूप में कईले बिया। बिजेन्द्र फरीदाबाद के रहे वाला हउवें। फिलहाल पुलिस ए घटना के लेके मामला दर्ज क के जांच शुरू कs देले बिया।

उ आदमी सड़क के किनारे घायल होके पड़ल रहे, केहु के मदद ना कइल

एह घटना से जुड़ल एगो अउरी वीडियो वायरल हो रहल बा। एह वीडियो में देखल जा रहल बा कि आरोपी टैक्सी चालक के टैक्सी लूटला के बाद घाही सड़क पs छोड़ देले। मउका से दूर बहुत गाड़ी तेज रफ्तार से जात देखाई देलस लेकिन केहु घाही के देखे खातीर ना रुकल अवुरी ना मदद करे के कोशिश कईलस।

पुलिस सीसीटीवी फुटेज के जांच में व्यस्त

बाद में पुलिस के सूचना मिलल कि एगो आदमी घायल हालत में सड़क पs पड़ल बा। सूचना मिलला के बाद मउका पs पहुंचला के बाद पुलिस घाही आदमी के नजदीक के अस्पताल ले गईल, जहां बाद में ओकरा के मृत घोषित कs दिहल गईल। बता दीं कि एह घटना में बिजेंद्र के माथा में गंभीर चोट लागल रहे। पुलिस फिलहाल बिजेंद्र के हत्यारा के तलाश में व्यस्त बिया। घटना स्थल के आसपास लगावल गईल सभ ​​सीसीटीवी फुटेज के जांच कईल जाता। ताकि आरोपी के बारे में कुछ पता चल सके।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]