बृजभूषण सिंह के दिल्ली हाई कोर्ट से मिलल झटका

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 29, 2024

  महिला पहलवानन के कथित यौन उत्पीड़न के मामिला में आरोपी बृज भूषण सिंह के दिल्ली हाईकोर्ट से बड़ झटका लागल बा। बृज भूषण अपना खिलाफ दर्ज प्राथमिकी, आरोप पत्र अवुरी निचला अदालत के ओर

Share

 

महिला पहलवानन के कथित यौन उत्पीड़न के मामिला में आरोपी बृज भूषण सिंह के दिल्ली हाईकोर्ट से बड़ झटका लागल बा। बृज भूषण अपना खिलाफ दर्ज प्राथमिकी, आरोप पत्र अवुरी निचला अदालत के ओर से आरोप तय करेवाला आदेश के रद्द करे खातीर याचिका दायर कईले रहले। हालांकि फिलहाल उनुका दिल्ली हाईकोर्ट से कवनो राहत नईखे मिलल। दिल्ली हाईकोर्ट बृज भूषण के वकील से कहले बिया कि एह मामिला में कोर्ट में एगो शार्ट नोट पेश करस.

याचिका पs सुनवाई के दौरान दिल्ली पुलिस बृज भूषण के याचिका के रखरखाव के क्षमता पs सवाल उठवलस। एs मामिला में अगिला सुनवाई 26 सितंबर के दिल्ली हाईकोर्ट में होई। दिल्ली हाईकोर्ट बृज भूषण से पूछलस कि एs मामिला में आरोप के चार्ज फ्रेम के बाद उs कोर्ट में काहें आईल। इs कहत उनुकर याचिका खारिज हो गईल।

बृजभूषण के वकील के आरोप

बृज भूषण के वकील कहले कि एs मामिला में 6 शिकायतकर्ता बाड़े, प्राथमिकी दर्ज करावे के पीछे एगो छिपल एजेंडा बा। वकील बतवले कि सभ घटना अलग-अलग समय पs अलग-अलग जगह पs भईल। ई तs बस एगो साजिश हs. हालांकि वकील के दलील कोर्ट में काम ना कईलस अवुरी उनुका खिलाफ सुनवाई जारी रही।

 

 

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.