[the_ad_group id="30365"]

बिहार में फेर गिरल पुल, एह बेर बाढ़ के पानी वजह! भागलपुर में भइल घटना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बिहार में पुल गिरला के एगो अवुरी घटना सोझा आईल बा। एह घटना में कवनो जानमाल के नुकसान के कवनो जानकारी नइखे मिलल. घटना भागलपुर के पीरपैंटी के पास की। बतावल जात बा कि ई पुल पीरपैंती से बाखरपुर जाए वाला मुख्य सड़क पs मुस्तफापुर के लगे बनल बा. कहल जा रहल बा कि ई पुल कुछ दिन पहिले बाढ़ के पानी से क्षतिग्रस्त हो गइल रहे पास के लोग के एह बात के जानकारी रहे, एही से जब ई पुल गिरल रहे तब कुछ लोग ही एह पुल पs मौजूद रहे। एह घटना में कवनो जानमाल के नुकसान के कवनो जानकारी नइखे मिलल.

बतावल जाता कि इs पुल मात्र पांच साल पहिले बनल रहे। ई पुल आसपास के ग्रामीण इलाका के जोड़े के माध्यम रहे। एह पुल के गिरला के चलते गाँव वालन के समस्या अउरी बढ़ गइल बा अब आवागमन में लोग के बहुते दिक्कत के सामना करे के पड़त बा. भागलपुर में भी कुछ समय पहिले भी अइसने पुल गिर गईल रहे|

बिहार में पुल गिरला के इs पहिला घटना नईखे

बिहार में जून-जुलाई के दौरान महज 11 दिन में पांच पुल के गिरे के खबर आईल। जवना जिला में पुल गिरला के खबर बा ओहिजा मधुबनी, भागलपुर, किशनगंज,सीवान, अररिया आ पूर्वी चंपारण शामिल बा.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]