[the_ad_group id="30365"]

Breaking: जगदीप धनखड़ NDA के उपराष्ट्रपति उम्मीदवार: अभी बाड़ें पश्चिम बंगाल के राज्यपाल, भाजपा संसदीय बोर्ड के मीटिंग के बाद नड्डा के ऐलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पश्चिम बंगाल के राज्यपाल जगदीप धनखड़ NDA के तरफ से उपराष्ट्रपति पद के उम्मीदवार होइहें। दिल्ली में भाजपा संसदीय बोर्ड के मीटिंग में ई फसिला भइल। मीटिंग के बाद भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा धनखड़ के नाम के ऐलान कइलें। एह बैठक में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, गृहमंत्री अमित शाह, पार्टी अध्यक्ष जेपी नड्डा समेत तमाम लोग सामिल भइल लो।

राजस्थान के जाट नेता हवे धनखड़

भाजपा के जाट नेता धनखड़ राजस्थान के रहनिहार हवे। उनका के 20 जुलाई 2019 के पश्चिम बंगाल के राज्यपाल बनावल गइल रहे। ऊ 1989 से 1991 तक वीपी सिंह आ चंद्रशेखर के सरकार में केंद्रीय मंत्री रहले।

नकवी के कैंडिडेट बनावे के रहे अटकल

एकरा पहिले, छव जुलाई के केंद्रीय अल्पसंख्यक मामलन के मंत्री मुख्तार अब्बास नकवी कैबिनेट से इस्तीफा देले रहस। उनकर राज्यसभा कार्यकाल बियफे 7 जुलाई के खतम होत रहे। इस्तीफा के बाद नकवी के उपराष्ट्रपति कैंडिडेट बनावल जाये के चर्चा रहे। नकवी के भाजपा पिछला दिने भइल राज्यसभा चुनाव में उम्मीदवार ना बनवले रहे, तबे से कयास लगावल जात रहे कि पार्टी उनका के बड़ भूमिका में ले आवल चाहत बिया।

उपराष्ट्रपति चुनाव के कार्यक्रम

•19 जुलाई- नामांकन के अंतिम तारीख

•6 अगस्त- वोटिंग

•11 अगस्त- काउंटिंग आ रिजल्ट

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]