[the_ad_group id="30365"]

बीआरडी मेडिकल कॉलेज : बिना बेहोश कइले हाथ-पैर बान्ह के कइलें ऑपरेशन, महिला लगवली BRD के डॉक्टरन पs आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बीआरडी मेडिकल कॉलेज के सुपर स्पेशियलिटी ब्लॉक में बिना बेहोश कइलही मरीज के ऑपरेशन कs देहले के मामला प्रकाश में आइल बा। आरोप बा कि महिला के हाथ-पैर बान्ह के डॉक्टर ऑपरेशन कs दिहलें। एही बीच मरीज चिल्लाती रहल, लेकिन डॉक्टर एक नाइ सुनलें। दर्द से ऊ बदहवास हो गइल। स्थिति बिगड़ले पर डॉक्टर उनके इंजेक्शन के जरिए दवाई दिहलें।

जानकारी के मुताबिक, माया बाजार के रहे वाली नीलम गुप्ता के पेशाब के नली में 8.6 एमएम के पथरी रहल। परिजन इलाज खातिर मेडिकल कॉलेज के यूरोलाजिस्ट डॉ. पवन कुमार एसके के लग्गे ले के अइलें नीलम के अनुसार, डॉक्टर दूरबीन विधि से ऑपरेशन के बात कहलें। एके बाहर से मंगावे खातिर आठ हजार रुपयो दिहल गइल। 21 नवंबर के डॉक्टर बेहोश कs के ऑपरेशन कइलें। लेकिन, दर्द से राहत नाइ मिलल।

दूसरा बेर अल्ट्रासाउंड में 8.1 एमएम के पथरी मिलल। डॉक्टर उनके मेडिकल कॉलेज बुलवलें अउर ऑपरेशन थियेटर में ले गइलें। आरोप ब कि बेड पर हाथ-पैर बान्ह दिहलें। विरोध करे पर कहल गइल कि ई जांच के प्रक्रिया बा। एकरे बाद बिना बेहोश कइले पेशाब के नली में दूरबीन डाल के पथरी तूड़े लगनें। एहमें बेतहाशा दर्द भइल।

ऑपरेशन थिएटर से निकल के पति से एकर शिकायत कइली। लेकिन, उ घरे लेके चल गइलें। एही बीच दर्द कम नाइ भइल। तिसरा बेर अल्ट्रासाउंड करवले पर पता चलल कि पथरी नइखे, लेकिन पेशाब के नली के लग्गे घाव हो गइल बा। एकरे वजह से दर्द बा। मरीज के इलाज अब निजी अस्पताल में चल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]