[the_ad_group id="30365"]

तीन चरण में होई BPSC शिक्षक भर्ती परीक्षा: 7 दिसंबर से 16 दिसंबर तक लिहल जाई एग्जाम, सुरक्षा के लेके प्रशासन अलर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान। बिहार लोक सेवा आयोग कावर से आयोजित दूसरका फेज के शिक्षक भर्ती परीक्षा तीन चरणन में आयोजित कइल जाई। ई परीक्षा 8, 9 आ 10 दिसंबर के आयोजित होई। शिक्षक भर्ती परीक्षा खातिर सीवान जिला में कुल 22 केंद्र बनावल गइल बा। राज्य स्तर पs ई परीक्षा 7 दिसंबर से सुरू हो रहल बा जवन 16 दिसंबर तक चली।

दूसरका फेज के शिक्षक भर्ती परीक्षा खातिर एडमिट कार्ड डाउनलोड होखल सुरू हो गइल बा। अभ्यर्थी बिहार लोक सेवा आयोग के वेबसाइट पs जाके आपन एडमिट कार्ड डाउनलोड कs सकत बा लो। परीक्षा के लेकर एगो केंद्र के केंद्र अधीक्षक बतवलें कि परीक्षा कदाचार मुक्त संपन्न होखे, एकरा के लेके जिला प्रशासन के तरफ से मिलल निरदेस के मोताबिक तइयारी सुरू कs दिहल गइल बा।

परीक्षा के दौरान सब परीक्षा केंद्रन पs जैमर लगावल जाई, जवना से परीक्षा कदाचार मुक्त होखे। इलेक्ट्रॉनिक डिवाइस ले गइला पs पूरा तरे रोक रही। ना तs अभ्यर्थी के निष्कासित कs दिहल जाई। सब परीक्षार्थियन के रिपोर्टिंग टाइम पs परीक्षा केंद्र पs पहुंचके रिपोर्टिंग कइल जरूरी बा। परीक्षा केंद्र के गेट बंद हो गइला के बाद कवनो अवस्था में केंद्र के अंदर जाये के अनुमति ना मिली।

परीक्षा खातिर बनावल गइल केंद्र

दूसरका फेज के शिक्षक भर्ती परीक्षा खातिर सीवान में तीन चरणन में आयोजित होखे वाला परीक्षा खातिर जिला में कुल 22 केंद्र बनावल गइल बा। प्रखंड शिक्षा पदाधिकारी मिथिलेश कुमार सब परीक्षा केंद्रन के जानकारी देलें। एमे आर्य कन्या हाई स्कूल सीवान, डीएवी हाई स्कूल इंटर कॉलेज सीवान, डीएवी शताब्दी पब्लिक स्कूल कंधवारा, डॉन बॉस्को हाई स्कूल बैसाखी, इस्लामिया हाई स्कूल सह इंटर कॉलेज पुरानी किला, महावीरी सरस्वती विद्या मंदिर विजय हाता, जेडए इस्लामिया पीजी कॉलेज सीवान, महावीरी सरस्वती बालिका विद्या मंदिर माधव नगर, इकरा पब्लिक स्कूल हक नगर, ब्रजकिशोर डीएवी पब्लिक स्कूल श्रीनगर, ब्रजकिशोर हाई स्कूल श्रीनगर, दिल्ली पब्लिक स्कूल उखई आ इमानुएल मिशन हाई स्कूल हरदिया मोड़ सामिल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]