[the_ad_group id="30365"]

BPSC Recruitment 2024: बिहार के 46 हजार से अधिक टीचर पदन खातीर आज हs आवेदन के अंतिम तारीख

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अगर रउरा सरकारी शिक्षक बने के बा तs एह मौका के मत छोड़ीं. बिहार लोक सेवा आयोग आजु यानी 10 अप्रैल के राज्य में शिक्षक प्रमुख आ हेड मास्टर के 46 हजार से अधिका पद के रिक्ति खातिर आवेदन प्रक्रिया बंद कs दिही।  अयीसना में जवन उम्मीदवार अबे ले कवनो कारण से एs बहाली खातीर आवेदन नईखन कs पवले, उs आधिकारिक वेबसाइट प जाके एकरा खाती आवेदन क सकतारे।  याद राखीं कि एकरा खातिर बीपीएससी के आधिकारिक वेबसाइट bpsc.bih.nic.in पs जा के आवेदन कइल जा सकेला.

योग्यता

एह बहाली खातिर आवेदन करे खातिर उम्मीदवार के पोस्ट ग्रेजुएट होखे के चाहीं.  साथ ही बीएड./बीए बीएड./बीएससी बीएड.  पास भी होखे के चाहीं।  एकरा अलावे परीक्षार्थी के टेट परीक्षा में भी क्वालिफाई करे के होई अवुरी कुछ साल के पढ़ावे के अनुभव होखे के चाही।

आवेदन शुल्क

एह बहाली खातिर आवेदन करे वाला जनरल/ओबीसी/अन्य राज्य के उम्मीदवारन के आवेदन शुल्क के रूप में 750 रुपिया देबे के पड़ी.  जबकि अनुसूचित जाति/जनजाति/पीडब्ल्यूडी/महिला उम्मीदवार के आवेदन के रूप में 200 रुपिया जमा करे के होई।  ध्यान रहे कि आवेदन शुल्क ऑनलाइन मोड के माध्यम से ही जमा कईल संभव बा।

BPSC Recruitment 2024 : एही तरे आवेदन करीं

*सबसे पहिले उम्मीदवार के बीपीएससी के आधिकारिक
वेबसाइट bpsc.bih.nic.in पs जाए के होई।
*ओकरा बाद होम पेज पs रउआ Apply Online लिंक पs
क्लिक करे के होई।
*एकरा बाद पहिले ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन लिंक पs क्लिक
कs के नयका पोर्टल पs रजिस्ट्रेशन करावे के होई।
*अब रजिस्ट्रेशन के बाद उम्मीदवार के लॉग इन कs के
ऑनलाइन आवेदन प्रक्रिया पूरा करे के चाही।
*अंत में फीस जमा कs के भरल फार्म के प्रिंटआउट ले लीं.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]