[the_ad_group id="30365"]

BPSC 67th Exam: एके पाली में होई बीपीएससी प्रारंभिक परीक्षा, अभ्यर्थियन के विरोध के बाद सरकार के फसीला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार लोक सेवा आयोग के ओर से आयोजित कइल जाए वाला बीपीएससी 67वीं प्रारंभिक परीक्षा/BPSC 67th Prelims Exam के लेके बड़ अपडेट सामने आइल बा। अब प्रारंभिक परीक्षा के आयोजन एके दिन आ खाली एके पाली में कइल जाई। ई फसीला राज्य के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के बैठक में लिहल गइल बा।

आयोग के अध्यक्ष रहले मवजूद

जानकारी के मोताबिक मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के बैठक में बिहार लोक सेवा आयोग के अध्यक्ष अतुल प्रसाद आ राज्य के मुख्य सचिव अमीर सुबाहनी मवजूद रहे लो। मुख्यमंत्री जिलाधिकारियन आ आउर अधिकारियन के संगे बातचीत कइले आ बीपीएससी प्रारंभिक परीक्षा के बेहतर केंद्रन पs एके दिन आ एके पाली में आयोजित करे के निर्णय लेले।

अभ्यर्थी करत रहे लो विरोध

एकरा पहिले बीपीएससी के ओर से 67वीं प्रारंभिक परीक्षा के पैटर्न में बदलाव कइल गइल रहे। एकरा विरोध में बड़ संख्या में अभ्यर्थी बुध के सड़क पs उतर गइल रहे लो। अभ्यर्थी प्रदर्शन करत बीपीएससी कार्यालय कावर बढ़त रहे। एह दौरान पुलिस के बल प्रयोग में कई छात्र घायलो भइल रहे लो। अभ्यर्थी परसेंटेज सिस्टम के विरोध आ परीक्षा के एके पाली में आयोजित करावे के मांग करत रहे लो।

एह तारीख के होखे के बा परीक्षा

बीपीएससी 67वीं प्रीलिम्स परीक्षा 21 सितंबर, 2022 के आयोजित कइल जाई। एकरा पहिले परीक्षा 08 मई, 2022 के आयोजित कइल गइल रहे, बाकिर प्रश्न पत्र के लीक होखला के कारण रद्द कs दिहल गइल रहे। बिहार राज्य सरकार में 726 पदन पs भर्ती खातिर अभियान चलावल जा रहल बा। आवेदकन के प्रारंभिक परीक्षा, मुख्य परीक्षा आ व्यक्तित्व परीक्षण के आधार पs शॉर्टलिस्ट कइल जाई। बता दीं कि पेपर लीक प्रकरण में बीतला सप्ताह तक 18 गिरफ्तारी हो चुकल बा। ममिला के जांच बिहार पुलिस के आर्थिक अपराध विंग कर रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]