[the_ad_group id="30365"]

घर में अकेले पा के लइका लइकी के साथे कइलस दुष्कर्म, विरोध कइला पऽ पीटलस; पीड़‍ित पुलिस से लगवलस मदद के गुहार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Gorkhpur news: पीपीगंज थाना क्षेत्र के एगो गांव के रहे वाली लइकी  के पिता पुलिस को दिहल तहरीर में बतवले कि मगंर के शाम सात बजे उऽ आ उनकर पत्नी खेत के ओर गइल रहे। घर में उनकर बेटी अकेले रहे। एही बीच आरोपित युवक उनका घर में घुस गइल आ बेटी के साथे जबरन दुष्कर्म कइलस। विरोध कइला पऽ आरोपित बेटी के मरलस आ पीटलस।

जानकारी भइला पऽ लइकी के पिता ने बुध के थाना में तहरीर देके शिकायत कइले। पुलिस जांच कइला के बाद बियफे के आरोपित अनिल निषाद के विरुद्ध दुष्कर्म के मुकदमा दर्ज कइलस आ ओकर तलाश कर रहल बिया।

पुलिस अधीक्षक उत्तरी जितेन्द्र कुमार श्रीवास्तव बतवले कि तहरीर के आधार पऽ पीपीगंज पुलिस केस दर्ज कर लेले बिया। अबहीं ले जांच में पता चलल बा कि दुनु पक्षन में पहिले से विवाद चलत रहे। किशोरी के मेडिकल करावल जा रहल बा। आरोपित युवक के तलाश कइल जा रहल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]