[the_ad_group id="30365"]

IND vs AUS: रोहित शर्मा बना देले अइसन रिकॉर्ड, जवना के तुरल होई अब बहुत मुश्किल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हर रिकॉर्ड बनेला टूटे खातिर, बाकिर कुछ अइसनो रिकाॅर्ड स्थापित हो जाला जवना के टूटल बहुते मुश्किल हो जाला। उदाहरण के खातिर सचिन तेंदुलकर द्वारा लगावल गइल 100 अंतरराष्ट्रीय शतक। सचिन के एह ममिला में पछाड़े के मवजूदा समय कवनो क्रिकेटर सोच नइखे सकत। ओहिजा, फिलहाल भारतीय कप्तान रोहित शर्मा ने एगो अइसन रिकॉर्ड स्थापित कs देले बाड़े जवना के टूटल अब बहुते मुश्किल हो गइल बा। का बा उ रिकॉर्ड? आईं जानल जाव –

भारत में लगवलें सबसे जादे इंटरनेशनल छक्का

जी हs… ई रिकॉर्ड बनल बा इंटरनेशनल क्रिकेट में भारत में सबसे ज्यादा छक्का लगावे के। रोहित ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ चार टेस्ट मैचन के सीरीज के पहिला मैच में शतकीय पारी खेलले। ऊ 2 गो छक्को जमवलें, जवना के संगे भारत में उनकर छक्कन के संख्या 250 हो चुकल बा। अब रोहित के एह रिकॉर्ड के टूटल मुश्किल नजर आ रहल बा काहेकि मवजूदा समय में सक्रिय बल्लेबाज उनका अगरी-कगरी ले ना टिकेला ला लो।

रोहित के 250 छक्कन के बाद पूर्व कप्तान महेंद्र सिंह धोनी के नाम आवेला। उनका नावे 186 इंटरनेशनल छक्का दर्ज बा। फेर विराट कोहली आवेले, जिनला नावे 137 छक्का बा। ओहिजा युवराज सिंह के नावे 113​ तs वीरेंद्र सहवाग के नावे 111 छक्का दर्ज बा। एह लिहाज से रउआ देख सकत बानी कि रोहित केतना जादे लीड बनाके रखले बाड़ें। रोहित अभी कुछ साल आउर क्रिकेट खेलिहें। जदि उनकर बल्ला अइसही रन उलगत रहल तs फेर उनका छक्कन के संख्या 300 के पार तक जा सकत बा, जवना के फेर कवनो भारतीय बल्लेबाज द्वारा अपना धरती पs हासिल कइल आसान नइखे रहे वाला।

इंटरनेशनल क्रिकेट में क्रिस गेल आगे

गाैर करे वाला बात बा कि इंटरनेशनल क्रिकेट में सबसे जादे छक्का लगावे वाला बल्लेबाज विंडीज के क्रिस गेल बाड़ें। गेल 483 इंटरनेशनल मैच खेलत 553 छक्का जमवलें बाड़ें तs ओहिजा रोहित 434 मैचन में 519 छक्का तक लगा चुकल बाड़ें। जदि रोहित कुछ साल आउर खेलत बाड़ें तs फेर ऊ गेल के पीछे छोड़त नंबर एक पs आ सकत बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]