[the_ad_group id="30365"]

श्रीशैलम मंदिर के प्रसाद में हड्डी मिलले से हड़कंप, दिहल गइल जांच के आदेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आंध्र प्रदेश के श्रीशैलम मंदिर में एगो भक्त के चढ़ावल प्रसाद में हड्डी के टुकड़ा मिलला के बाद जांच के आदेश दिहल गईल बा। बतावल जात बा कि बियफे के दिने मंदिर में परोसल जाए वाला पुलिहोरा प्रसाद में एगो पूजा भक्त के हड्डी के टुकड़न मिलल बा। एह घटना के वीडियो वायरल होखला के बाद श्रीशैलम मंदिर जांच के आदेश देले बा।

एह घटना से श्रीशैलम मंदिर के रसोईघर के साफ-सफाई अवुरी प्रबंधन के नियम पs लोग के चिंता बढ़ गईल। भक्त के पहचान हरीश रेड्डी के रूप में भईल बा। दर्शन के बाद प्रसाद खात घरी हड्डी मिल के भक्त चौंक गईले। उs तुरंत मंदिर के कार्यकारी अधिकारी के कार्यालय में सबूत के संगे लिखित शिकायत दर्ज करवले।

शिकायत के जवाब देत मंदिर के अधिकारी मामिला के जांच शुरू कs देले बाड़े। मंदिर प्रशासन में अयीसन लापरवाही से लोग के भावना के चोट पहुंचा सकता।

हिन्दू धर्म में एह मंदिर के खास महत्व बा। शिव आ पार्वती के मंदिर होखे के अलावा ई शक्तिपीठ भी हs। एकरा के मल्लिकार्जुन ज्योतिर्लिंग के नाम से जानल जाला। एह में मल्लिका माता पार्वती के नाम हs, जबकि अर्जुन के भगवान शंकर कहल जाला। एह तरह से ‘मल्लिकार्जुन’ ज्योतिर्लिंग पूरा दुनिया में मशहूर बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]