[the_ad_group id="30365"]

‘बेंगलुरु एयरपोर्ट पर ‘बमबारी’ कs देब’, ट्वीट कs के दहशत फैलावे वाला छात्र गिरफ्तार, सोझे आइल ई वजह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कर्नाटक के राजधानी बेंगलुरु से एगो हैरान करे वाला मामला सामने आइल बा। बतावल जा रहल बा कि बेंगलुरु इंटरनेशनल एयरपोर्ट लिमिटेड (बीआईएएल) पुलिस के एगो संयुक्त टीम केम्पेगौड़ा इंटरनेशनल एयरपोर्ट (केआईए) पर बमबारी के एगो ट्वीट के सिलसिला में एक 20 बरिस के इंजीनियरिंग छात्र के गिरफ्तार कइले बा।

आरोपी बतवलें हरकत के पीछे के वजह

कुडलू गेट निवासी आरोपी वैभव गणेश इलाहाबाद के मोतीलाल नेहरू राष्ट्रीय प्रौद्योगिकी संस्थान (एमएनएनआईटी) में इंजीनियरिंग तीसरा साल के छात्र हवें। 10 दिसंबर के रात 10.15 बजे, गणेश ट्वीट कइलें कि हम बेंगलुरु एयरपोर्ट पर बमबारी करब ताकि हमरे घर के लग्गे एकर पुनर्निर्माण हो सकें।

KIA के टर्मिनल मैनेजर रूपा मैथ्यू BIAL पुलिस में शिकायत दर्ज करवले रहनें, जिन्होंने IPC की धारा 505 (सार्वजनिक शरारत करने वाले बयान) जौंन 507 (गुमनाम संचार द्वारा आपराधिक धमकी) के तहत मामला दर्ज कइले रहे। पुलिस उपायुक्त (पूर्वोत्तर) अनूप ए शेट्टी आरोपियन के पकड़े खातिर एगो विशेष टीम के गठन कइले रहनें।

तकनीकी मदद से पुलिस मंगर के गणेश के पता लगवलें अउर उनकर मोबाइल फोन जब्त कर लिहलें जेसे ऊ बमबारी के बारे में ट्वीट कइले रहनें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]