[the_ad_group id="30365"]

Bomb Threats: आज फेर कइयन गो फ्लाइट्स के मिलल बम के धमकी, एयरलाइंस कहलस- यात्रियन के सुरक्षा प्राथमिकता

इंडिगो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एयरलाइंस के बम के धमकी मिलला के घटना थमे के नाम नइखे ले रहल। सनीचरो के कइयन गो फ्लाइट्स में बम रखल होखे के धमकी दिहल गइल। जवना से अफरा-तफरी के इस्थिति रहल। जवना फ्लाइट्स के बम के धमकी मिलल बा, ओमे से तीन इंडिगो एयरलाइंस आ कुछ फ्लाइट्स फ्लाइट अकासा एयर के हs। अकासा संख्या नइखे बतवलें। इंडिगो बयान जारी कs के एकर जानकारी देले बा आ कहले बा कि ऊ सब जरूरी कदम उठा रहल बा।

इंडिगो के तीन फ्लाइट्स में बम के धमकी मिलल

इंडिगो एयरलाइंस बतवलस कि ओकरा दिल्ली से इस्तांबुल जाये वाली फ्लाइट 6ई में बम रखल होखे के धमकी मिलल रहे। यात्रियन आ क्रू के सुरक्षा हमनी के प्राथमिकता बा। हमनी के संबंधित अथॉरिटीज के संगे मिलके काम कs रहल बानी सs लो आ गाइडलाइंस के तहत सब जरूरी कदम उठा रहल बानी सs। इंडिगो एयरलाइंस के मुंबई-इस्तांबुल के बीच संचालित होखे वाली फ्लाइट 6ई 17 के धमकी मिलल बा। संगही जोधपुर से दिल्ली जाये वाली फ्लाइट 6ई 184 के बम के धमकी मिलल बा। एयरलाइंस बतवलस कि ई विमान सुरक्षित दिल्ली पहुंच गइल बा। सब यात्रियन के सुरक्षित उतार लिहल गइल बा आ सुरक्षा एजेंसियन के संगे समन्वय बनाके काम कइल जा रहल बा।

इंडिगो एयरलाइंस के हैदराबाद से चंडीगढ़ जाये वाली फ्लाइट 6ई 108 के बम के धमकी मिलल बा। एयरलाइन कहलस कि धमकी के बाद चंडीगढ़ पहुंचला पs फ्लाइट के आइसोलेट कइल गइल आ सुरक्षा के ध्यान रखत यात्रियन के उतारल गइल। विमान के जांच कइल गइल।

अकासा एयर के फ्लाइट्स के मिलल धमकी

ओहिजा, अकासा के एगो फ्लाइट के आज बम के धमकी मिलल। अकासा एयर के कुछ फ्लाइट्स के बम के धमकी मिलल बा। कंपनी बयान जारी कs के कहलस कि अकासा एयर के इमरजेंसी टीम हालात पs नजर बनवले बिया आ सब सुरक्षा प्रोटोकॉल आउर दिशा-निरदेसन के पालन कइल जा रहल बा। एह हफ्ता अलग-अलग एयरलाइंस में बम रखल होखे के 40 के करीब धमकी मिल चुकल बा। एसे विमानन कंपनियन के भारी परेसानी के सामना करे के पड़ रहल बा। बीतल 24 घंटा में विस्तारा के दिल्ली-लंदन फ्लाइट, एयर इंडिया के जयपुर-दुबई एयर इंडिया एक्सप्रेस विमान सेवा, अकासा एयर के बंगलूरू-मुंबई के फ्लाइटन में अइसने बम के धमकी मिलल। विस्तारा एयरलाइंस के दिल्ली से लंदन जाये वाली फ्लाइट के तs धमकी मिलला के बाद जर्मनी के फ्रैंकफर्ट के ओर मोड़ल गइल।

कांग्रेस सरकार के घेरलस 

कांग्रेस सोसल मीडिया पs साझा एगो पोस्ट में लिखलस कि ‘देस में विमानन के बम से उड़ावे के धमकी लगातार मिल रहल बा। पिछला पांच दिन में 70 विमानन के बम से उड़ावे के धमकी मिल चुकल बा। त्योहारन के समय बा। लोग अपना घरन तक पहुंचे खातिर फ्लाइट ले रहल बा लो, बाकिर अइसन धमकी देस में डर के माहौल बना देले बा। पिछिला कुछ महीनन से अइसन धमकियन के सिलसिला जारी बा। एकरा पहिले अस्पतालन आ स्कूलन के बम से उड़ावे के धमकी मिल चुकल बा। लोग अपना परिवार के सुरक्षा के लेके परेसान बा, बाकिर मोदी सरकार कवनो ठोस कदम नइखे उठा रहल, जवना से धमकियन के सिलसिला रुक सके।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]