मुंबई एयरपोर्ट के बम से उड़ावे के धमकी से मचल हड़कंप, बढ़ावल गईल सुरक्षा

Mumbai Airport

Share

 

 

मुंबई हवाई अड्डा पs बम के धमकी मिलल बा. मुंबई घरेलू हवाई अड्डा (टी 1) के सीआईएसएफ के कंट्रोल रूम में बुध के दुपहरिया में धमकी के फोन आईल, जवना में दावा कईल गईल कि मोहम्मद नाम के एगो आदमी मुंबई से विस्फोटक सामग्री लेके अजरबैजान जात रहे। एह फोन से हवाई अड्डा पs हलचल मच गइल.

सीआईएसएफ के टीम तुरंत मामला के गंभीरता से लेके सहर थाना के सचेत कs देलस, जवना के बाद पुलिसकर्मी के टीम के हवाई अड्डा पs तैनात कs के एकर विस्तृत जांच सुरू कईल गईल।

सूत्र के मुताबिक फोन करेवाला कवनो खास उड़ान के जिक्र ना कईले अवुरी अचानक दुपहर के करीब 3:00 बजे कॉल बंद कs देले। एकरा बाद अधिकारी एs फोन के जांच शुरू कs देले अवुरी संदिग्ध के बारे में जानकारी जुटावे के कोशिश कईल जाता।

विस्फोटक सामग्री बरामद ना भइल

एहतियात के तौर पs हवाई अड्डा पs सुरक्षा व्यवस्था के मजबूत कईल गईल बा अवुरी पुलिस सुरक्षा सुनिश्चित करे खातीर यात्री के विवरण के सत्यापन करतिया। अधिकारी बतवले कि अबे ले कवनो विस्फोटक सामग्री बरामद नईखे भईल, बाकिर पूरा स्थिति के पूरा जांच कईल जाता।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-