पश्चिम बंगाल में भइल बम ब्लास्ट, 3 लोगन के भइल मउत; बनावल जा रहल बा अवैध बम

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 9, 2024

पश्चिम बंगाल के मुर्शिदाबाद जिला में बम विस्फोट के घटना घटल।  एह घटना में 3 लोग के मउत के खबर बा।  पुलिस मौका पs पहुंचल बिया अवुरी जांच में जुटल बिया।  पुलिस के मुताबिक एगो

Share

पश्चिम बंगाल में भइल बम ब्लास्ट

पश्चिम बंगाल के मुर्शिदाबाद जिला में बम विस्फोट के घटना घटल।  एह घटना में 3 लोग के मउत के खबर बा।  पुलिस मौका पs पहुंचल बिया अवुरी जांच में जुटल बिया।  पुलिस के मुताबिक एगो घर में गैरकानूनी तरीका से देश के बनावल बम बनावल जाता। एकरा संगे बम फट गईल अवुरी 3 लोग के जान चल गईल।

देशी बम बनावल जात रहे
मिलल जानकारी के मुताबिक अतवार के देर रात जिला के खैरतला निवासी मामून मुल्ला के घर में अवैध बम बनावे के काम चलत रहे। एही बीच अचानक बम फाट गईल।  एह दौरान तीन लोग के मउत हो गईल। मौका पs भारी संख्या में पुलिस बल के तैनाती कईल गईल बा। मरेवाला लोग के नाम मामुन मुल्ला, साकिरुल सरकार अवुरी मुस्तकिन शेख बा।  एहमें से मस्तकिन सिख के घर महताब कॉलोनी इलाका में बा. खैरतला इलाका में मामुन मुल्ला आ सबिरुल सरकार के घर बा। रात के अन्हार में घर के भीतर बम बनावत रहले।


इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ गणेश जी के उs मंदिर जवन रामायण काल ​​आ द्वापर युग में भी रहे मौजूद ‘रणथंभौर गणेश मंदिर’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.