[the_ad_group id="30365"]

The Kerala Story: एमपी में टैक्स फ्री भइल ‘द केरल स्टोरी’, सीएम बोललें- आतंकवाद के भयावह सच्चाई के करत बा उजागर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टीवी के सबसे पॉपुलर मध्य प्रदेश में विवादित फिल्म ‘द केरला स्टोरी’ के टैक्स फ्री कs दिहल गइल बा। मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान सनीचर सबेरे ट्वीट के माध्यम से एकर घोषणा कइलें बाड़ें। पार्टी के नेता पिछला कुछ दिनन से एकर मांग करत रहे लो।

एमपी में टैक्स फ्री हुई द केरल स्टोरी

मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान ट्वीट करत लिखलें, “‘द केरल स्टोरी’ एगो अइसन फिलिम बा, जवन आतंकवाद के भयावह सच के उजागर कइले बा। मध्य प्रदेश में फिल्मन के कर मुक्त करे के निर्णय लिहल गइल बा।”

सीएम शिवराज कइलें एलान

बता दीं कि ट्रेलर रिलीज के संगही द केरल स्टोरी विवादन में घिर गइल रहे। फिलिम तीन लईकियन के कहानी हs कि कइसे ओह लोगन के ब्रेन वॉश कs के हिंदू से कन्वर्ट कs के मुस्लिम बनावल गइल। एकरा कंटेंट के कारण कुछ लोग फिलिम के प्रोपेगेंडा के तरह बता रहल बा। बॉक्स ऑफिस कलेक्शन के बात करीं तs, द केरल स्टोरी पहिला दिने अच्छा कमाई कइले बा। ओपनिंग डे पs फिलिम 7.5 करोड़ से जादे के बिजनेस कs देले बिया। एकरा संगही द केरल स्टोरी एह साल के 5वीं सबसे बड़ ओपनर फिल्म बन गइल बिया।

नेता लोग कइले रहे अपील

एकरा पहिले भाजपा राज्य मंत्री राहुल कोठारी मध्य प्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान के केरल स्टोरी के कर मुक्त करे खातिर पत्र लिखले रहस। राहुल कोठारी के पत्र के मोताबिक l सिंह चौहान के नेतृत्व में आ उनकी दृढ़ इच्छाशक्ति के कारण मध्यप्रदेश बेटियन के ममिला में एगो अलग मुकाम हासिल कइले बा, जवना से मध्य प्रदेश लव जिहाद के ममिलन से सुरक्षित बा।

बॉक्स ऑफिस पs कमाल कर रहल बिया ‘द केरल स्टोरी’

ओहिजा संस्कृति बचाओ मंच के अध्यक्ष चंद्रशेखर तिवारी मुख्यमंत्री से एह फिलिम के टैक्स फ्री करे के मांग करत फिलिम के विरोध करे वालन के चेतावनी देले रहस। ऊ कहलें, “जदि ऊ लोग एकर विरोध करत बा, तs ओह लोगन के मुस्तैदी से मुकाबला कइल जाई। चंद्रशेखर तिवारी के मोताबिक फिलिम विरोधियन के तुष्टीकरण के मानसिकता के दर्शावत बा। केरल के कहानी पs लव जिहाद के घटनन के पर्दाफाश हो गइल बा आ लईकी आज तक लापता बाड़ी सs l”।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]