[the_ad_group id="30365"]

सुप्रीम कोर्ट में होई Laapataa Ladies के स्क्रीनिंग, चीफ जस्टिस के संगे फिलिम देखी लो खान आ किरण राव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अभिनय के अलावा लगान, तारे जमीन आ पीपली लाइव जइसन कइयन उम्दा फिल्मन के निर्माण ‘मिस्टर परफेक्शनिस्ट’ आमिर खान (Aamir Khan) कइले बाड़ें। एही साल आमिर खान निर्मित फिल्म लापता लेडीज (Laapataa Ladies) रिलीज भइल, जवना के निर्देशन उनकर एक्स वाइफ किरण राव (Kiran Rao) कइले बाड़ी।

सुप्रीम कोर्ट में होई लापता लेडीज के स्क्रीनिंग

लापता लेडीज एक मार्च 2024 के सिनेमाघरन में रिलीज भइल। फिल्मन के दर्शकन आ क्रिटिक्स के तरफ से बहुते प्यार मिलल, बाकिर बॉक्स ऑफिस पs ई जादे कमाई ना कs पाइल। हालांकि, जब फिल्म ओटीटी प्लेटफॉर्म पs आइल तs सबसे जादे देखल जाये वाली फिल्मन में सुमार हो गइल। पांच महीना बाद फिल्म के स्क्रीनिंग सुप्रीम कोर्ट (Supreme Court) में होखे जा रहल बा।

आमिर आ किरण रही लो मवजूद

लिंग भेद पs आधारित लापता लेडीज के स्क्रीनिंग सुक के सुप्रीम कोर्ट में होई, जवना के देखे खातिर कोर्ट में न्यायाधीश, ओह लोगन के परिवार आ रजिस्ट्री के अधिकारी सामिल होई लो। शीर्ष अदालत के प्रशासनिक अनुभाग के  ओर से प्रसारित एगो संचार के अनुसार, एह स्क्रीनिंग में एक्टर-प्रोड्यूसर आमिर खान आ निर्देशक किरण राव मवजूद रही लो।

एह समय देखल जा सकी लापता लेडीज

संचार में कहल गइल बा, “भारत के सर्वोच्च न्यायालय के स्थापना के 75वां साल के दौरान आयोजित गतिविधियन के हिस्सा के रूप में लैंगिक समानता के टॉपिक पs आधारित फिलिम लापता लेडीज सुक 9 अगस्त 2024 के प्रशासनिक भवन परिसर के सी-ब्लॉक इस्थित ऑडिटोरियम में प्रदर्शित कइल जाई। एह स्क्रीनिंग में भारत के मुख्य न्यायाधीश डी वाई चंद्रचूड़, उच्च अदालत के न्यायाधीश अपना पार्टनर के संगे फिल्म के स्क्रीनिंग खातिर पहुंची। फिलिम समझ 4:15 बजे से 6:20 बजे तक देखावल जाई।

ओटीटी पs कहां देखल जा सकी लापता लेडीज?

प्रभिता रांटा, नितांशी गोयल आ स्पर्श श्रीवास्तव स्टारर लापता लेडीज में छाया कदम, सतेंद्र सोनी आ गीता अग्रवाल जइसन कलाकार अहम भूमिका निभवले बा लो।फिल्म ओटीटी प्लेटफॉर्म नेटफ्लिक्स (Netflix) पs स्ट्रीम हो रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]