Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मुजफ्फरपुर में सड़क हादसा, पांच बारातियन के मौत: बियाह से लवटला के दौरान बोलेरो के ट्रक मरलस टक्कर; तीन लोगन के हालत गंभीर

514

मुजफ्फरपुर में बुध के सड़क हादसा में पांच बारातियन के मौत हो गइल। तीन से जादे लोग घायल बा। बतावल जा रहल बा कि आज सबेरे बारातियन से भरल बोलेरो चकिया से वल्गर लवटत रहे लो। एही दौरान रामपुर हरि के लगे अनियंत्रित ट्रक टक्कर मार देलस।

दु लोगन के घटनास्थल पs मौत हो गइल। ओहिजा, तीन लोगन के मौत इलाज के दौरान ले जाते घरी भइल। तीन घायलन के मुजफ्फरपुर के एसकेएमसीएच मेडिकल कालेज अस्पताल में भर्ती करावल गइल। हादसा रामपुर हरि गांव के लगे भइल।

गाड़ी में मवजूद एगो घायल के परिजन बतावल लो कि सबेरे करीब तीन बजे हादसा भइल। गाड़ी में 12 लोग बइठल रहे।हादसा के सूचना मिलला के बाद रामपुर हरि थाना के पुलिस मवका पs पहुंचल। पुलिस घायलन के इलाज खातिर SKMCH भेजले बा। मृतकन के पोस्टमार्टम करवावल जा रहल बा। मृतक के पहचान सोहन महतो (50), विपिन महतो (54), प्रद्युमन ढागर (28), इंद्र कुमार ढागर (40),  आ कारी ढांगर (40) के रूप में कइल गइल बा।

घटना के बारे में बतावल जा रहल बा, बारात बैलगढ़ से चकिया गइल रहे, जवन आज सबेरे वापस लवटत रहल बा लो। एह बीच रामपुर हरि के लगे ट्रक आ बोलेरो के जोरदार टक्कर हो गइल। गाड़ी के परखच्चा उड़ गइल।‌

एह ममिला में SKMCH OP प्रभारी ललन कुमार बतवलें कि फिलहाल पांच लोगन के शव पोस्टमार्टम हाउस में पहुंचल बा। पोस्टमार्टम करवावल जा रहल बा। घायलन के इलाज चल रहल बा।

763470cookie-checkमुजफ्फरपुर में सड़क हादसा, पांच बारातियन के मौत: बियाह से लवटला के दौरान बोलेरो के ट्रक मरलस टक्कर; तीन लोगन के हालत गंभीर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.