[the_ad_group id="30365"]

मिर्जापुर: चरचा के दौरान मोदी योगी के तारीफ, बोलेरो चालक गाड़ी चढ़ाके मार डललस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मिर्जापुर: उत्तर प्रदेश के मिर्जापुर से एक बहुते हैरान कs देवे वाली घटना सामने आइल बा। इहां एगो जुवक के पीएम नरेंद्र मोदी आ सीएम योगी आदित्यनाथ के तारीफ करे के कीमत जान देके चुकावे के पड़ल। बोलेरो चालक उनका के कचार के मार डललस। वारदात करे के बाद चालक अपना साथी के संगे बाइक से फरार हो गइल। आरोपी के गिरफ्तारी के मांग के लेके घरवाले मिर्जापुर-प्रयागराज हाईवे पs शव लेके पहुंच गइल आ जाम लगा दिहल। करीब तीन घंटा तक हाईवे जाम रखल लो। सूचना पs पहुंचल पुलिस समझा-बुझाके ओह लोगन के घर भेजलस।

विंध्याचल थाना क्षेत्र के कोलाही गांव के रहे वाला राजेश दुबे (52) आसपास के लोगन के संगे भतीजा के बियाह में सामिल होखे खातिर अतवार के गइल रहस। सोमार के मृतक के भाई बतवलें कि सबेरे लवटत घरी बोलेरो में महोखर गांव के पूर्व प्रधान धीरेंद्र पांडेय के संगे राजनीति पs बात होखे लागल। राजनीति पs चरचा के दौरान राजेश दुबे के चालक अमजद से विवाद हो गइल। धीरेंद्र पांडेय ममिला के शांत करवलें। ओकरा बाद धीरेंद्र अपना गांव चल गइलें।

चालक राजेश दुबे के उनका घर पs ना उतारके कुछ दूर पs जाके सड़क पs उतार देलस। उतरला के बाद राजेश दुबे घर के ओर जाये लगलें तs बोलेरो चालक अमजद उनका पs गाड़ी चढ़ा देलस। एसे उनकर मौत हो गइल। एसपी सिटी श्रीकांत प्रजापति बतवलें कि मृतक के भाई तहरीर देलें बाड़ें। हत्यारोपी अमजद के खिलाफ मुकदमा दर्ज कs लिहल गइल बा। तलाश कइल जा रहल बा। आरोपी विंध्याचल थाना क्षेत्र विजयपुर के रहे वाला बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]