खेल मैदान में फेंड से लटकल मिलल जुवक के शव : सांझ में घर से निकलला के बाद से रहे लापता, हत्या-आत्महत्या दुनो बिंदुअन पs जांच

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 5, 2024

छपरा के परसा में सुक के सबेरे एगो जुवक के शव खेल मैदान में मिलल। शव पेड़ से रस्सी के सहारे लटकल रहे। देखते देखत ग्रामीणन के भीड़ जुट गइल। मृतक के पहचान परसा थाना

Share

छपरा के परसा में सुक के सबेरे एगो जुवक के शव खेल मैदान में मिलल। शव पेड़ से रस्सी के सहारे लटकल रहे। देखते देखत ग्रामीणन के भीड़ जुट गइल। मृतक के पहचान परसा थाना क्षेत्र के मारण टोले खोरोडीह निवासी संदीप कुमार (22) पिता भगीरथ सिंह के रूप में कइल गइल बा।

स्थानीय लोग पुलिस के सूचना देलस। जवना के बाद घटनास्थल पs पहुंचल पुलिस शव के कब्जा में लेके जांच-पड़ताल में जुट गइल बिया। ऊ बीतल बियफे सांझ से लापता रहे। सुक के सबेरे शव बरामद भइल बा।

जरूरी काम से निकलल रहे

संदीप के छोट भाई बतवलस कि ऊ बियफे के अपना घर पs अकेले रहस। बाबूजी कलकत्ता में नौकरी करत रहस। माई कवनो जरूरी काम के लेके ननिहाल गइल रहली। जरूरी काम बोलके संदीप बियफे के सांझ घर से निकलल रहे। देर सांझ तक वापस नइखे आवे पs खोजबीन सुरू कइल गइल रहे। बाकिर ऊ ना मिलल रहे। सुक के सबेरे ओकर लाश मिलल।

परसा थानाध्यक्ष कहलें कि थाना क्षेत्र के परसा खेल मैदान से एगो जुवक के शव फेंड से लटकत बरामद कइल गइल बा। सूचना मिलतही पुलिस घटनास्थल पs पहुंचल। शव के कब्जा में लेके पोस्टमॉर्टम खातिर भेज दिहल गइल। परिजनन से अब कवनो आवेदन प्राप्त नइखे भइल। पुलिस हत्या आ आत्महत्या के बिंदुअन पs जांच कs रहल बिया।

साभार: दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.