[the_ad_group id="30365"]

मणिपुर हिंसा के दउरान मारल गइल 64 लोगन के शव परिजन के सौंपल गइल, 6 के अब ले पहचान नाहीं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मणिपुर में जातिगत हिंसा के दउरान मारल गईल 64 लोग के लाश गुरुवार के कड़ा सुरक्षा के बीच परिवार के सौंप दिहल गईल। सुप्रीम कोर्ट के ओर से हिंसा के जांच खातीर बनावल गईल समिति के रिपोर्ट के मुताबिक ए हिंसा में 175 लोग के मउत हो चुकल बा, जवना में से 169 लाश के पहचान हो चुकल बा, यानी 6 लाश के पहचान नईखे भईल।अधिकारी बतवले कि ए लाश के अस्पताल के मुर्दाघर में राखल गईल रहे। एहमें से मई में मणिपुर में शुरू भइल हिंसा के दउरान मारल गइल 60 लोग कुकी समुदाय के रहल।उ बतवले कि 4 अवुरी लाश मेइती समुदाय के लोग के बा।

कुकी आ मेइती समुदाय में हिंसा भड़कल

बता दीं कि मई में मणिपुर के इंफाल घाटी में रहे वाला बहुसंख्यक मेइती आ पहाड़ी इलाका में रहे वाला कुकी समुदाय के बीच जातीय हिंसा भड़कल रहे।संस्था ‘आदिवासी एकता समिति’ एगो बयान जारी कs कहलस कि ‘हिंसा में मारल गईल कुकी लोग’ के अंतिम संस्कार शुक के फैजांग के शहीद कब्रिस्तान में कईल जाई। संस्था अंतिम संस्कार खातिर बियफे के दिने सबेरे पाँच बजे से साँझ पाँच बजे ले सदर हिल्स कांगपोकपी के भीतर 12 घंटा पूरा तरह से बंद करे के आह्वान कइले बा आ आम जनता से सहयोग करे के गोहार लगवले बिया।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]