सेवा सदन नेत्रहीन विद्यालयन के लईकन के बीच भइल कंबल के वितरण

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 3, 2024

छपरा। शहर के भिखारी ठाकुर चौक इस्थित सेवा सदन नेत्रहीन विद्यालयन के लईकन के बीच मंगर के ठंड से बचाव खातिर कंबल के वितरण कइल गइल। कायस्थ समाज के ओर से गठित सामाजिक संस्था कावर

Share

छपरा। शहर के भिखारी ठाकुर चौक इस्थित सेवा सदन नेत्रहीन विद्यालयन के लईकन के बीच मंगर के ठंड से बचाव खातिर कंबल के वितरण कइल गइल।

कायस्थ समाज के ओर से गठित सामाजिक संस्था कावर से अपना सामाजिक दायित्व के निर्वहन करत नेत्रहीन विद्यालय के सब लईकन के कंबल दिहल गइल। एह दौरान कायस्थ परिवार के प्रिंस राज कहलें कि असहाय लईकन आ लोगन के बीच उनका खातिर कुछ कs के जवन आत्म संतुष्टि मिलेला, ओइसन संतुष्टि कवनो आउर काम में ना मिलेला।

ऊ कहलें कि जब तक अइसन लोगन के सेवा आ सहायता ना कइल जाई, तब ले सही मायनन में समाज के विकसित नइखे कइल जा सकत। ऊ कहलें कि जहां कहीं नेत्रहीन विद्यालय भा आउर विकलांग विद्यालय बा। उहवां जाके मदद करे के प्रयास बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.