[the_ad_group id="30365"]

भारत Vs न्यूजीलैंड मैच: ब्‍लैक में 1 लाख 20 हजार रुपिया के बेचत रहे टिकट, पुलिस कइलस गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

वानखेड़े स्टेडियम में होखे वाला भारत आ न्यूजीलैंड के बीच होखे वाला क्रिकेट विश्व कप सेमीफाइनल मैच के टिकट ब्लैक करे के आरोप में एगो आदमी के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। मुंबई के जेजे पुलिस 30 साल के आकाश कोठारी के टिकट के ब्लैक मार्केटिंग के आरोप में हिरासत में लेले बिया। बतावल जाता कि ए मामिला में कुल दुगो आरोपी बाड़े। आरोपी अशोक कोठारी से पूछताछ के बाद रोशन संजय गुरु बख्शानी के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा। इs दुनो आरोपी इवेंट मैनेजमेंट से जुड़ल बाड़े, जदी भारत अवुरी न्यूजीलैंड के बीच ए मैच में भारतीय टीम जीत गईल तs फाइनल में पहुंच जाई।

जोन-1 के डीसीपी प्रवीण मुंडे के मुताबिक, एगो सूचना पs कार्रवाई करत जेजे मार्ग पुलिस टीम बना के मलाद में छापामारी कईलस अवुरी कोठारी के गिरफ्तार करे में सफल भईल। जांच के दौरान उनुका संगे कुछ मैसेज अवुरी कुछ दस्तावेज भी मिलल। पुलिस के मुताबिक कोठारी एक लाख 20 हजार रुपिया में मैच के टिकट बेचत रहले।

आरोपी के खिलाफ आईपीसी के धारा 420 अवुरी 511 के तहत मामिला दर्ज भईल बा। पुलिस इ पता लगावे के कोशिश करतिया कि आरोपी के टिकट कहां से मिलल। का टिकट के ब्लैक मार्केटिंग के पीछे कवनो बड़ गिरोह बा?

भारत, आस्ट्रेलिया आ दक्षिण अफ्रीका सेमीफाइनल खातिर क्वालीफाई कs चुकल बा। चउथा जगहा खातिर न्यूजीलैंड, पाकिस्तान आ अफगानिस्तान के बीच मुकाबला बा।

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]