Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बीजेपी कार्यकर्ता लोग तीन राज्यन में जीत पs मनावल जश्न, मीरगंज में लगावल लो नारा 

2,421

मीरगंज। तीन राज्यन में भाजपा के जीत पs मीरगंज बाजार में बीजेपी कार्यकर्ता एक-दूसरा के मिठाई खियाके जश्न मनावल लो।

मीरगंज मंडल अध्यक्ष अभिनंदन कुमार के अध्यक्षता में जीत के जश्न पs बड़ संख्या में बीजेपी कार्यकर्ता उपस्थित रहे लो। एह मवका पs मंडल अध्यक्ष अभिनंदन कुमार कहलें कि ई जीत भाजपा के एक-एक कार्यकर्ता के जीत हs। 2024 में समूचा देस में कमल खिलाके नरेंद्र मोदी के सरकार केन्द्र में बनी। ऊ कहलें कि बिहारो में कमल खिली। बिहार में बीजेपी पूर्ण बहुमत के सरकार बनाई।

एह मवका पs सुनील सिंह, अशोक साह, बद्री मंडल, चंद्र भानु प्रसाद साह, दीपक साह, कलानंद चौधरी, धीरेंद्र साह, कृष्ण भारद्वाज, राजेश मजुंदार, राजू शर्मा, नीरज कुमार शर्मा, अशोक साह, अमित कुमार आदि मवजूद रहे लो।

687450cookie-checkबीजेपी कार्यकर्ता लोग तीन राज्यन में जीत पs मनावल जश्न, मीरगंज में लगावल लो नारा 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.