[the_ad_group id="30365"]

बिहार के मुंगेर में बीजेपी नेता गोली मारके कइले पत्नी के हत्या, फेर खुदके देले जान 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुंगेर. बिहार के मुंगेर जिला से बड़ खबर सामने आ रहल बा जहां एगो भाजपा नेता अपना पत्नी के गोली मारके हत्या कs देले। जवना के बाद खुद सुसाइड कs लेले। मृतक भाजपा नेता के पहचान अरुण यादव के रूप में भइल बा जवन भाजपा ओबीसी मोर्चा के उपाध्यक्ष रहस। पुलिस घटनास्थल से दु गो देसी कट्टा बरामद कइलस। दु मौतन के बाद आसपास के इलाकन में हड़कंप मचल बा।

मिलल जानकारी के मोताबिक, मुंगेर शहर के लाल दरवाजा के रहनिहार आ भाजपा के जिला महामंत्री अरुण यादव उर्फ बड़ा बाबू बियफे के साँझ के अपना पत्नी के गोली मारकर हत्या कइला के बाद खुद के गोलीमार खुदकुशी कs लेले। दूनों के शव ओह लो के बंद कमरा से बरामद कइल गइल बा। ल

मृतक अरुण यादव ओबीसी मोर्चा के उपाध्यक्ष रहस। मवका पs पहुंचल पुलिस दु गो देसी कट्टा बरामद कइलस। बताया जात बा कि भाजपा नेता के पत्नी से वैचारिक विवाद चलत रहे। मुंगेर नगर निगम के होखे वाला चुनाव में बीबी मेयर पद खातिर संभावित प्रत्याशी रहस। उनका परचार में थकला के वजे से जाये से आनकानी के बाद से पति से विवाद के खबर बा। 3-4 दिन से एकरा के लेके मदभेद चलत रहे।

साभार: हिंदुस्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]