हैदराबाद में होई भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बैठक, मोदी-शाह सहित सब दिग्गज होई लो शामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 2, 2022

भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बैठक अगिला महीना 2 आ 3 जुलाई के हैदराबाद में होई। कोरोना महामारी के प्रकोप घटला के बाद दिल्ली के बाहर होखे वाला भाजपा के ई पहिला बड़ बैठक होई,

Share

भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बैठक अगिला महीना 2 आ 3 जुलाई के हैदराबाद में होई। कोरोना महामारी के प्रकोप घटला के बाद दिल्ली के बाहर होखे वाला भाजपा के ई पहिला बड़ बैठक होई, जेमे प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी समेत सत्ता आ संगठन के सब शीर्ष नेता हिस्सा लिही लो। आवे वाला चुनाव के तइयारियन के दृष्टि से ई बैठक बहुत महत्वपूर्ण बा।

तेलंगाना में बैठक कइल भाजपा के भावी रणनीति के हिस्सा हs। एह समय भाजपा के दक्षिण भारत में सबसे जादे जोर तेलंगाना पs बनल बा। उहां पर बीतल लोकसभा चुनाव के साथे कुछ उपचुनाव आ ग्रेटर हैदराबाद नगर निगम के चुनाव में भाजपा के बहुते सफलत मिलल रहे। अइसन में पार्टी कर्नाटक के बाद तेलंगाना के दक्षिण भारत में आपन अगिला लक्ष्य मानके काम कर रहल बिया। इहे वजह बा कि तेलंगाना के पूर्व अध्यक्ष आ राष्ट्रीय ओबीसी मोर्चा के अध्यक्ष के लक्ष्मण के राज्यसभा में ले जाए के फसीलो लेहल गइल बा, जवना से तेलंगाना में पार्टी आउर जादे जोरदार काम कs सको।

तेलंगाना में भाजपा के बढ़त डेग से राज्य में सत्तारूढ़ टीआरएस के नेता मुख्यमंत्री के चंद्रशेखर राव बहुते परेसान बाड़े आ ऊ लगातार विपक्षी एकता के एक करे के कोसिसन में लागल बाड़े। तेलंगाना में अगिला साल के आखिर में विधानसभा चुनाव होखे के बा। इहे वजह बा कि भाजपा हैदराबाद के आपन राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बैठक खातिर चुनले बिया, ताकि राज्य में पार्टी आपन माहौल बना सके।

सूत्रन के मोताबिक, पार्टी नेतृत्व राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बइठक में अपना भावी चुनावी तइयारियन आ संगठनात्मक कामकाज के रूपरेखो के तइयार करी। पिछिला दिनन में जयपुर में भइल राष्ट्रीय पदाधिकारियन के बइठक में आवे आला दू साल में होखे वाला अलग अलग विधानसभा चुनाव आ लोकसभा चुनाव के तइयारियन के मद्देनजर चरचा भइल रहे। अब राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बैठक में एकरा के विस्तार दिहल जाई। चूंकि एह बैठक में पार्टी के समूचा केंद्रीय नेतृत्व आ राज्यन के शीर्ष नेतृत्व शामिल रहेला, एहिसे ई बैठक समीक्षा आ कार्ययोजना के दृष्टि से बहुते महत्वपूर्ण होला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.