[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर से BJP सांसद रवि किशन घायल युवक के देख के रोकऽले काफिला, अपना से उठाके भेजले अस्पताल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Ravi Kishan: गोरखपुर के सांसद रवि किशन के वायरल वीडियो में देखल जा रहलऽ बा कि उऽ गोरखपुर में घायल युवक के अपना से उठाके अस्पताल भेजले हऽ। ई घटना गोरखनाथ थानाक्षेत्र में भइल। गोरखपुर के जनता उनका के सर्वश्रेष्ठ सांसद के खिताब में चुनले बा।

गोरखपुर: उत्तर प्रदेश के गोरखपुर लोकसभा सीट से सांसद आ फिल्म अभिनेता रवि किशन (Ravi Kishan) रिले में ना, रियलो लाइफ में हीरो बाड़न। उनकर एगो वीडियो सोशल मीडिया पऽ वायरल हो रहल बा, जवना में गोरखपुर में सड़क पऽ घायल पड़ल युवक के खुद से उठाके अस्पताल भेजअवले।

रवि किशन के काफिला गोरखनाथ थानाक्षेत्र के मधुर मिलन मैरेज हाल के पास से गुजरत रहे। उहाँ एगो युवक सड़क पऽ बाइक से टकराकर घायल पड़ल रहे। अइसे में रवि किशन फौरन गाड़ी रोकवा के घायल लइका के खुदे उठवले। ऐम्बुलेंस के बोलावे के साथहीं इलाज खातिर अस्पताल भेजले।

सिनेमा के परदा से उतर के राजनीतिक जीवन में आवे पऽ उऽ गोरखपुर के जनता के बीचे जगह बना चुकल बाड़े। सर्वश्रेष्ठ सांसद के खिताब मिलला के बाद सांसद रवि किशन साबित कर देले बाड़े कि उऽ हर फन में माहिर खिलाड़ी बाड़न।मिलनसार आ मृदुभाषी व्यक्तित्व के धनी रवि किशन क्षेत्र में काफी लोकप्रिय बाड़न।

सांसद रवि किशन घायल व्यक्ति के घरे फोन कर के परिजन के जानकारी देले। रवि किशन अपना कुछ सहयोगियन के घायल व्यक्ति के साथे अस्पतालो भेजले। घायल युवक के पहचान अजय (38) निवासी राजेंद्र नगर गोरखपुर के रूप में भइल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]