Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बीजेपी विधायक के भतीजा के दिनदहाड़े हत्या : दुगो अपराधियन के पकड़ लोग पुलिस के हवाले कइल 

237

कटिहार में कोढ़ा से भाजपा विधायक कविता पासवान के भतीजा नीरज पासवान (35) के हत्या हो गइल बा। बुध के सबेरे दुगो बदमाश नीरज ले घर से कुछ दूरी पs गोली मार देले सs। एह ममिला में लोग दुगो बदमाशन के खदेड़ के पकड़ लिहल आ पुलिस के हवाले कs दिहल।

गोली लगला के बाद इलाज खातिर नीरज के आनन-फानन में कटिहार मेडिकल अस्पताल ले आवल गइल। जहां डॉक्टर जांच के बाद ओकरा के मृत घोषित कs दिहल लो। घटना संग्राम चौक के लगे भइल।

बतावल जा रहल बा कि नीरज पासवान कटिहार के पूर्व मेयर शिवराज पासवान उर्फ शिव पासवान के हत्या में नामजद रहे।

757700cookie-checkबीजेपी विधायक के भतीजा के दिनदहाड़े हत्या : दुगो अपराधियन के पकड़ लोग पुलिस के हवाले कइल 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.