कटिहार में कोढ़ा से भाजपा विधायक कविता पासवान के भतीजा नीरज पासवान (35) के हत्या हो गइल बा। बुध के सबेरे दुगो बदमाश नीरज ले घर से कुछ दूरी पs गोली मार देले सs। एह ममिला में लोग दुगो बदमाशन के खदेड़ के पकड़ लिहल आ पुलिस के हवाले कs दिहल।
गोली लगला के बाद इलाज खातिर नीरज के आनन-फानन में कटिहार मेडिकल अस्पताल ले आवल गइल। जहां डॉक्टर जांच के बाद ओकरा के मृत घोषित कs दिहल लो। घटना संग्राम चौक के लगे भइल।
बतावल जा रहल बा कि नीरज पासवान कटिहार के पूर्व मेयर शिवराज पासवान उर्फ शिव पासवान के हत्या में नामजद रहे।






