[the_ad_group id="30365"]

नवरात्रि पs एक्शन में बीजेपी विधायक रवींद्र नेगी, मंदिरन के पास बनल मीट के दुकान बंद करवले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश के राजधानी दिल्ली में नवरात्रि अवुरी ईद के लेके एगो नाया विवाद पैदा भईल बा। पटपड़गंज से भारतीय जनता पार्टी के विधायक रविंद्र नेगी नवरात्रि के मौका पs मांस के दोकान बंद करे के मांग कईले बाड़े। नेगी के कहनाम बा कि नवरात्रि हिन्दू आस्था के परब हs अवुरी मंदिर के सोझा मांस के दोकान खोलला से भावना के चोट पहुंचेला, एहसे एकरा के बंद राखे के चाही। पटपड़गंज के मंदिरन के लगे स्थित मांस के दुकानो बंद कs दिहले बाड़न. विधानसभा में एह मुद्दा के उठावत नेगी दिल्ली सरकार से मांग कइले बाड़न कि नवरात्र के दौरान पूरा दिल्ली में मटन के सगरी दुकान बंद कs दिहल जाव.

शराब के दोकान भी बंद होखे के चाही।


एकरा संगे आम आदमी पार्टी के विधायक जुबैर अहमद भाजपा विधायक नेगी से एक डेग आगे बढ़ गईल बाड़े। जुबैर अहमद माँग कइले बाड़न कि नवरात्रि में खाली मांस के दोकान ना बलुक शराब के दोकान के भी बंद कs दिहल जाव काहे कि व्रत के दौरान शराब से धार्मिक भावना के नुकसान हो सकेला। नेगी के पटपड़गंज के मंदिरन के आसपास स्थित मांस के दुकान बंद करावे के चलते मंदिर में आवे वाला भक्त खुश लउकत बाड़े, जबकि मुस्लिम समुदाय के लोग नाराज बाड़े। उs कहले कि जदी सरकार मांस के दोकान बंद कs देवे तs उनुका कवनो परेशानी नईखे, बाकिर सरकार के ओर से चलावे वाला के जवन नुकसान होखता ओकर मुआवजा देवे के चाही।

नवरात्रि के दिन मांस के दोकान बंद करे के संबंध में कवनो कानून बा?

बता दीं कि नवरात्रि में मांस के दुकान बंद करे के कवनो खास कानून नइखे बाकिर कुछ जगहा एह मामिला में स्थानीय प्रशासन भा धार्मिक संगठनन के निहोरा कइल जाला जवन धार्मिक मान्यता आ परंपरा पs आधारित बा. नवरात्रि के मौका पs देश के अलग-अलग हिस्सा में बहुत दोकानदार आपन मांस के दोकान बंद कs देले। हालांकि बहुत जगह पs पूरा नवरात्रि के दौरान सभ मांस के दोकान बंद करे के मांग भईल बा।

इहो पढ़ीं:भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ भक्तन के कुल कष्ट दूर करेली गोरखपुर के ‘मां करवल देवी’

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]