सदस्यता अभियान के लेके आयोजित भइल भाजपा के बैठक 

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 27, 2024

कपरवार देवरिया। बरहज देहात मंडल के बाबा महेंद्र नाथ प्रांगण में मंडल के कार्यशाला बैठक भाजपा के पदाधिकारी आ कार्यकर्तन के ओर से मंगर के कइल गइल। एमे आवे वाला अभियान में हर कार्यकर्ता आ

Share

कपरवार देवरिया। बरहज देहात मंडल के बाबा महेंद्र नाथ प्रांगण में मंडल के कार्यशाला बैठक भाजपा के पदाधिकारी आ कार्यकर्तन के ओर से मंगर के कइल गइल। एमे आवे वाला अभियान में हर कार्यकर्ता आ पदाधिकारी घर-घर आ डोर टू डोर जाके कम से कम 100 के संख्या में सदस्य बनावे के बा।

एह बैठक में मुख्य अतिथि के रूप में जिला पदाधिकारी संजय सिंह, नीरज शाही, राजेश मिश्रा, अंगद तिवारी, शत्रुघ्न सिंह विशेन आ मंडल अध्यक्ष रामजोखन निषाद, रिंकू मल्ल, पिंटू जायसवाल, बृजेशकिशोर राव, अमरजीत गिरी, उग्रसेन सिंह, अरुण मिश्रा, डब्लू यादव, प्रमोद सिंह, जितेंद्र तिवारी, धीरेंद्र तिवारी आदि तमाम कार्यकर्ता आ पदाधिकारी उपस्थित रहल लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.