Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भाजपा नेता तेजिंदर बग्गा गिरफ्तार: पंजाब पुलिस के 50 जवान दिल्ली के घर से पकड़ल लो; मोबाइल जब्त; केजरीवाल के धमकी देवे के आरोप

219

दिल्ली भाजपा के नेता तेजिंदर बग्गा के पंजाब पुलिस गिरफ्तार कs लेले बिया। साइबर सेल के टीम ई  कार्रवाई कइलस। उनका खिलाफ मोहाली साइबर थाना में केस दर्ज बा। बग्गा के पंजाब पुलिस जांच में सामिल होखे के नोटिस देले रहे बाकिर ऊ ना अइले। फिल्म कश्मीर फाइल्स के लेके दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल पs विवादित टिप्पणी करे के आरोप बा। आप नेता नरेश बालयान बग्गा के गिरफ्तारी के बारे में जानकारी देले।

बग्गा के करीबियन के मुताबिक करीब 12 गाड़ियन में 50 पुलिसकर्मी उनका दिल्ली इस्थित घर पs पहुंचले। परिजन लोग कहल कि पहिले कुछ पुलिस आला घर के भीतरी आइल लो। ऊ कुछ देर बात कइल लो। जेकरा बाद बहरी से बड़ संख्या में पुलिस कर्मी घर में घुस गइले आ बग्गा के पकड़ के ले गइल लो। बग्गा के मोबाइलो पुलिस कब्जा में ले लेलस।

कपिल मिश्रा बोलले – बग्गा सांच सरदार, डेरइहे ना 

भाजपा नेता कपिल मिश्रा कहले कि बग्गा एगो सांच हवे। उनका के एह तरे के हरकतन से ना डेरवावल जा  सकता ना कमजोर कइल जा सकता बा। मिश्रा कहले कि पंजाब पुलिस के इस्तेमाल केजरीवाल के पर्सनल नाराजगी आ खुन्नस निपटावे ला कइल जा रहल बा। ई पंजाब आ पंजाब के जनादेश के अपमान बा।

AAP प्रवक्ता के बेयान पs दर्ज भइल रहे केस

दिल्ली के भाजपा नेता तेजिंदर बग्गा पs पंजाब के मोहाली में केस दर्ज बा। ई केस आप के प्रवक्ता सन्नी आहलूवालिया के बेयान पs मोहाली साइबर क्राइम सेल में दर्ज बा। शिकायतकर्ता सन्नी आहलूवालिया तेजिंदर बग्गा पs आरोप लगवले कि बग्गा केजरीवाल के जान से मारे के धमकी देले।

एह बारे में बग्गा के एगो विवादित ट्वीट के हवाला दिहल गइल बा। जवन दिल्ली विधानसभा में कश्मीर फाइल्स मूवी पs केजरीवाल के बयान के बाद बग्गा कइले रहस। शिकायतकर्ता के आरोप बा कि बग्गा केजरीवाल के धमकी भरल लहजा में एक के बाद एक ट्वीट कइले। ई केस IPC के धारा 153A, 505, 505(2) आ 506 के तहत दर्ज कइल गइल बा।

249050cookie-checkभाजपा नेता तेजिंदर बग्गा गिरफ्तार: पंजाब पुलिस के 50 जवान दिल्ली के घर से पकड़ल लो; मोबाइल जब्त; केजरीवाल के धमकी देवे के आरोप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.